अभिभावक सब ना पुगला से विधालय व्यवस्थापन समिती बने ना सकल

प्रभु यादव

बारा ३० चईत

बाराके कलैया उपमहानगरपालिका १४ के भवरा मे विधालय व्यवस्थापन समिती गठन के खातिर बोलावल गईल भेला स्थगित कईल गईल बा । अभिभावक लोग के गणपुरक संख्या ना पुगला से विधालय व्यवस्थापन समिती के गठन स्थगित कईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १४ मे रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय आधारभुत विधालय पत्रहटी भौरा टोल विधालय व्यवस्थापन समिती भेला सोमार के दिने अभिभावक गणपुरक संख्या ना पुगला से गठन रोकल गईल बा

वितल पाँच बरीस से विधालय मे कार्यभार सम्भारल विधालय के प्रधानाध्यापक चम्पत साह विधालय के शिक्षा मे नयाँ क्रान्ती लियावल उहाँ के अभिभावकलोग के कहनाम रहल बा । प्रधानाध्यापक साह आवेसे पहिले इहाँ के शिक्षा के अवस्था लथालिङ्ग रहल अभिभावक रमेश यादव बतवनी । वितल समय मे विधालय मे राजनिति छोड के कुछो ना भईल उनकर आरोप रहल बा । उ आईल समय से बहुते परिवर्तन भईल यादव के बुझाई रहल बा ।

दोसर अभिभावक रामबलि ठाकुर राजनितिक भर्ति केन्द्र बनावेके चाहना राखललोग हि विधालय व्यवस्थापन समिती के बाधक बनल आरोप लगवनी । पहिले के समिती सराहनीय काम कईला से उहे कमिटि के निरन्तरता देवेके उलोग के बुझाई रहल बा ।

विधालय मे तीन सय से बेसी लईकालइकी पढेलन । प्रधानाध्यापक साह इहे बैशाख १६ गते अवकाश प्राप्त करेवाला भईला से विधालय के बागडोर शिक्षा प्रेमी, समाजसेवि के हाथ मे सउँपेके उनकर चाहना रहल बा । भेला भईल अभिभावकलोग वैशाख ३ गते भेला बोलाके विधालय व्यवस्थापन समिती गठन करेके निर्णय कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button