आर्दश कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ मे राहत ना मिलल सिकायत

प्रभु यादव

बारा १७ बैशाख

आर्दश कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ मे राहत ना मिलल भटिनीया लोग सिकायत कइले बानी ।
बुधवार के दिन पत्रकार लोग सब से सिकायत करत स्थानिय लोग जनकारी करावले बाडन ।

वार्ड अध्यक्ष धर्मेन्द्र यादव भटिनिया गाँव के गरीब, कमदार आ विपन लोग के राहत करिब १ सय ३५ जने से बेसी के ना मिलल नेपाली काँग्रेस के सभापति बिबेक यादव सिकायत कईले बाडन । राहत से बञ्चित रहल लोग गरिब मे से बहुते लोग घर मात्र भईल लोग रहल यादव सिकात कईनी ।

गिता देवी साह आपन के घर मात्र रहल बा आदमी मलेसीया मे लकडान भईला से रोकाईल बानी । अउर दु लडका छोट छोट रहल बा राहत ना मिलल जवना से खाना खाए मे दिकत होरहल बा माकिर राहत ना मिलल दुःख सुनवनी ।

ओईही स्थानिय रामसखी पटेल, लक्षनि देवी अहिरिन, रामपति देदी साह, सहिन्द्र पटेल, सुदमा देवी सिह, पासपत पटेल, मुनिलाल राउत, फेकन साह कानु , हिरामन राय, दुनु आखा ना भईल चिन्तारमण राय,अपाँग मिश्रीलाल सिह, लगायत के लोग अति गरिब, बिपन्न, असहाय भएल लोग के राहत ना मिल्ला से जनजीवन मे समस्या होरहल बा जनावले बा ।

वार्ड अध्यक्ष यादव से जनकारी कईला पर जेकरा ना मिलल होई उलोग के राहत देवे खातिर नाम संकलन कईल जारहल कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button