आवाज एफएमद्धारा होली मिलन तथा शुभकामना समारोह

वीरगंज २३ फागुन,

होली परब के अवसर मे आवाज एफएम परिषर मे होली मिलन तथा शुभकामना समारोह पुरा भईल बा ।
ावाज एफएम, आवाज न्यूज डटकम आ जनभण्डाफोर दैनिकद्वारा आयोजना कईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी संविाधन सभा के सदस्य राजकुमार गुप्ता होली परब के तडकभडक ना करके मनावे खातिर निहोरा कइनी ।

विश्वव्यापी महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस विरुद्ध के सचेतना अभियान के रुप मे ई परब के परिणत करे खातिर निहोरा करत सद्भाव, भाइचारा आ सत्य एवं निष्ठा के पर्व होली भईल बतवनी ।
कार्जक्रम के विशिष्ठ अतिथी जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ होली पर्व के आपन परम्परा, नेपालीपन आ संस्कृति के जर्गेना करे खातिर पर्व के रुप मे कायम राखत आयतित विदेशी संस्कृति के पछाडि ना लागे खातिर निहोरा कइनी ।

आवाज एफएम के प्रबन्ध निर्देशक श्याम बन्जारा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल, नेकपा रौतहट के अध्यक्ष कमल राय यादव, नेशनल मेडिकल कलेज वीरगंज के प्रबन्ध निर्देशक बसरुद्धिन अन्सारी, प्रेस संगठन प्रदेश नं. २ के ईन्चार्ज लालबाबु शेष, आर्थिक पत्रकार संघ (ईजा) के केन्द्रिय अध्यक्ष विजय कुशवाहा, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी, सचिव यूवराज खड्का, प्रेस यूनियन पर्सा के नेता रितेश त्रिपाठी लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।

सञ्चारकर्मी प्रताप श्रेष्ठ से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे राजनीतिक दल के प्रतिनिधी, स्थानीय तह के जनप्रतिनिधी, सञ्चारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button