उत्पीडन मे पडल समुदाय के मूल प्रवाह मे ना लियावे तक दिगो शान्ति कायम होखे ना सकी : नेता भट्टराई

अजय कु. चौरसिया

वीरगंज २७ कुवार,
पूर्वप्रधानमन्त्री एवं जनता समाजवादी पार्र्टी के बरिष्ठ नेता बाबुराम भट्टराई राज्य से उत्पीडन मे पडल जनजाति, दलित, मधेसी लगायत के समुदाय के मूल प्रवाह मे ना लियावे तक देश मे दिगो शान्ति कायम होखे ना सकेके दाबी कइनी ।

पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ३ मे आयोजना कईल बृहत पार्टी प्रवेश तथा नेपालीलोग के महान चाड दशहरा, दिवाली, छठ पर्व के शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि डा. भट्टराई नेपाली काङ्ग्रेस आ नेकपा से जनता के परिवर्तन के माग पूरा ना होखेके कहत जनता के माग सम्बोधन होखे खातिर जनता समाजवादी पार्टी जरुरी भईल जिकिर कइनी ।

उ जसपा से उत्पीडित, वञ्चित समुदाय के पक्ष मे आवाज बुलन्द करेके आ सडक, सदन से हक सुनिश्चित कराके छोडेके दाबी करत वर्तमान सरकार एकल जातीय राज्य कायम करे लागल दोषारोपण कइनी ।

पुराना संसदीय व्यवस्था के चलते देश मे भ्रष्टाचार बढल आरोप लगावत डा. भट्टराई प्रत्यक्ष निर्वाचित कार्यकारी राष्ट्रपति आ पूर्ण समानुपातिक संसदीय व्यवस्था ना होखे तक देश मे स्थिर राजनीति कायम होखे ना सकेके दाबी कइनी ।

जसपा के अध्यक्ष एवं पूर्वउपप्रधानमन्त्री उपेन्द्र यादव आपन पार्टी से सभी किसिम के विभेद अन्त्य करे चाहल आ ओकरा खातिर हरदम सङ्घर्ष करत रहेके बतवनी ।

मूल प्रवाह मे पछाडि पडल समुदाय अगाडि ना आवे तक देश मे परिवर्तन ना आवेके बतावत उ देश मे राजनीतिक परिवर्तन भईला पर भी नेकपा आ नेका के सोच मे परिवर्तन ना भईला के चलते जनता के जीवनस्तर मे परिवर्तन होखे ना सकल आरोप लगवनी ।

पकहामैनपुर गाँवपालिका के प्रमुख बिजय चौरसिया से स्वागत कईल कार्जक्रम मे उपेन्द्र यादव, भोला प्रसाद कानु, सुदर्शन राम लगायत के नेतृत्व मे अनेकन पार्टी परित्याग करके करिब ११ सय के हाराहारी मे नेता कार्यकर्तालोग जसपा मे प्रवेश कईले रहलन । नवप्रवेशीलोग के पार्टी के बरिष्ठ नेतालोग अबिर के टिका आ फुलमाला पहिना के स्वागत कईले रहनी ।

जसपा पकहामैनपुर के अध्यक्ष बिनोद मेहता के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत, नेता राजेन्द्र श्रेष्ठ, पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव, क्षेत्र नं. ३ के निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार, प्रदेशसभा सदस्य प्रह्लाद गिरी, भीमा यादव, करीमा बेगम, जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव, नेतालोग निजामुदिन समानी, वीरेन्द्र यादव, सुन्दर कुर्मी, तबरेज अहमद, मुकेश द्विवेदी लगायत के नेता कार्यकर्तालोग के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button