करैयामाई पाँच वाँ पिपरा गोल्डकप मे नव जनजाग्रीत युवा क्लब जितल

प्रभु यादव

बारा ११ फागुन

सृजनशिल युवा क्लवद्वारा आयोजित बारा मे जारी करैयामाई पाँच वाँ पिपरा गोल्डकप अन्तर्गत मंगर के दिने भईल दुसरका सेमिफाइनल खेल मे बीरगंज युनाईटेड पर्सा नव जनजाग्रीती युवा क्लब सिमरा बिरुद्ध ३–० के जित निकाले मे सफल भईल बा ।

पहिलका हाफ के १६ वाँ मिनेट मे बीरगंज के खातिर जर्सि नम्बर १६ के श्याम चौधरी पहिलका गोल कईले रहलन । एहितरे खेल के दुसरका हाफ के ७ वाँ मिनेट गईला पर जर्सि नम्बर ७ के कृपा चौधरी गोल कईले रहनी । एहितरे दुसरा हाफ के २० वाँ मिनेट मे बिबेक चौधरी गोल करत टिम के जित दिलवले बाडन ।

जाग्रीती बढिया अवसर मिलला पर भी कउनो गोल करे ना सकलन । खेल के म्यान अफ द म्याच बीरगंज के बिबेक चौधरी घोषित भईलन । अब १५ गते फाईनल मे बर्दिवास आ बीरगंज युनाईटेड क्लब पर्सा बिच होखी ।

खेल मे जित हासिल करेवाला टिम नगद २ लाख ५ हजार दुसरका होखेवाला १ लाख ५ हजार सहित ट्रफि मेडल प्रमाणपत्र प्राप्त करी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button