कानु परिवार ४९ घर परिवार के राहत बँटलें

वीरगंज २७ चईत
कोरोना भाइरस के संक्रमण के फईले ना देवे खातिर आ एकर रोकथाम के खातिर सरकार देशभर लकडाउन के घोषणा कईले बा।
लकडाउन के समय मे गरिब, मजदुरी करेवाला के समस्या भईल बा । इहे समस्या के मध्यनजर करके बहुदरमाई नगरपालिका वार्ड नं. ४, डकैला बहुअरि के स्व. असर्फी प्रसाद कानु के बेटा शार्मा प्रसाद शाह आ बिक्रम शाह कानु ४९ गो परिवार के राहत बँटले बानी ।
डकैला बहुअरि के रहनिहार असहाय, अति विपन्न आ दैनिक ज्यालादारी करेवाला आदमीसब ई समय नास्ता, खाना ना मिलला के चलते समस्या मे पडल बाडन । ई ४९ गो परिवार के १० किलो चाउर, २ किलो दाल, १ किलो नुन, २ किलो आलु राहत बाँटल विक्रम साह कानु बतवले बानी ।






