कामचलाउ सरकार से कईल सभी नियुक्तिसब भी असंवैधानिक : नेता पौडेल

वीरगंज २५ पुस
जनता के खुन आ पसेना से लियावल परिवर्तन के कुछ आदमी उपरनिचे करेके खोजला पर भी उ सम्भव ना होखेके नेकपा स्थायी कमिटी सदस्य देवेन्द्र पौडल बतवनी ।
नेकपा प्रचण्ड–माधव समुह निकट वीरगंज महानगरपालिका के अगुवा कार्यकर्ता अभिमुखिकरण कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेता पौडल ओईसन करेवाला आदमी के जनता सडक संघर्ष से भईला पर भी तह लगावेके बतवनी ।
प्रधानमन्त्री के घमण्ड के सपना से चकनाचुर कईल बतावत नेता पौडेल उनका से कईल असंवैधानिक न्युक्ति भी विवाद मे रहल बतवनी ।
प्रधानमन्त्री के घमण्ड के सपना से चकनाचुर करेके मिल सकता, धवस्त करेके भी मिल सकता ? कहके सवाल करत नेता पौडेल कमचलाउ सरकार से कईल सभी नियुक्तिसब अदालत से बदर करेके बिश्वास भी व्यक्त कइनी ।
उनका पार्टी आ कमिटी से कउनो मतलब नइखे, पार्टी के निर्णय भी ना मानेके, बईठक मे भी ना आवेके ई का ह ? का एकात्मक प्रणाली के खातिर लाखो लाख जनता खुन आ पसेना से अईसने व्यस्था लिआईल बाडन कहके सवाल करत एकात्मक राजतन्त्रिय व्यवस्था के समाप्त करके समाजबाद उन्मुख राज्य प्रणाली लियावल बतवनी । ओकरा खातिर शुसान जरुरी रहल बतवनी ।
प्रधानमन्त्री के संसद विघटन करेके अधिकार के देहलख कहके सवाल करत चुनाव से डराएवाला हमनी ना रहल बतवनी । आउर ६ महिना सरकार बढावे खातिर चुनाव के घोषणा कईल नेता पौडेल के कहनाम रहे ।
वीरगंज महानगर कमिटी के अध्यक्ष रहबर अन्सारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रिय सदस्य एवं पर्सा जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह, केन्द्रिय सदस्य एवं वीरगंज महानगर इन्चार्ज दिनेश राई, प्रदेश कमिटी सदस्य किशोरी कुशवाहा, जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ, जिल्ला सदस्य मनोज चौधरी, प्रभाकर गुप्ता लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






