कीटनाशक दवाई छिटेके काम मे हो रहल :- कामपा

काठमाण्डु १३ चईत,
काठमाण्डु महानगरपालिका विश्वभर फईलल कोभिड–१९ के आउर फईले ना देवे खातिर सार्वजनिकस्थल मे कीटनाशक दवाई छिटेके काम के तेज बनवले बा ।
ई समय मे आजु सबेरे स्थानीय बबरमहल, बानेश्वर, तीनकुने, सिनामङ्गलm जमल, लाजिम्पाट, पानीपोखरी होत महाराजगञ्ज आ वसन्तपुर आसपास आ भितरी क्षेत्र मे केन्द्रित करके उ दवाई छिटल गईल रहे ।
कामपा के प्रमुख विद्यासुन्दर शाक्य के मुताविक बहुते बस्ती भईल क्षेत्र, अत्यावश्यक सामान लेवे खातिर चहलपहल बहुते होखेके आ अस्पताल क्षेत्र के प्राथमिकता मे राख के सकेभर छिटेके काम के शहरभर पुगावे के रणनीति के आधार मे काम हो रहल बतवनी ।
सरकार लकडाउन कईल दुसरका दिन से कामपा उ काम शुरु कईले बा । कामपा, नगर प्रहरी महाशाखा प्रमुख धनपति सापकोटा के मुताविक अभी भी उ काम के निरन्तरता देहल गईल बा ।
आदमी के भीडभाड बेसी होखेवाला जगहा वीर अस्पताल, भितरी शहर के असन, इन्द्रचोक सँगे टेकुस्थित शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवारोग अस्पताल, कालीमाटी तरकारी बजार लगायत जगहा मे पहिलका दिन (कीटनाशक) दवाई छिटेके काम के शुरुआत भईल रहे ।
कामपा पहिलका चरण मे चार हजार लिटर क्षमता के तीन ट्याङ्कर मार्फत कीटनाशक दवाई छिटेके सुरु कईल आ जरुरी मुताविक आउर करे सकेके सापकोटा बतवनी ।
प्रमुख शाक्य नागरिक के समस्या अईला पर तत्काल जनप्रतिनिधि के खबर करे खातिर निहोरा करत कउनो समय मे भी जनप्रतिनिधि के सम्पर्क करे सकेके बतवनी । एकरा सँगे कामपा ब्रुमर से सडक सफा करेके काम भी निरन्तर रूप मे कर रहल बा ।





