कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा मे समाजवादी युवा के धर्ना प्रदर्शन

वीरगंज १९ कुवार

कृषि ज्ञान केन्द्र के कर्मचारी के लापरबाही से अनुदान मे आईल रोपेया फ्रिज भईल कहत समाजवादी युवा संघ सोमार के दिने कार्यालय अगाडि धर्ना देहले बा ।

समाजवादी युवा संघ के सहइन्चार्ज फिरोज मंसुर सहित संघ के नेता कार्यकर्ता धर्ना देहले बाडन ।

कृषि ज्ञान केन्द्र के स्थानीय कर्मचारी गुटबन्दी करके कृषक के चुस्तदुरुस्त सेवा ना देहल तथा अनुदान के रोपेया फ्रिज करावल उलोग के आरोप बा ।

किसान के १० करोड अनुदान फ्रिज करेवाला कर्मचारी ना चाहिं, कृषि मे दलाल बिचौलिया अन्त्य कर, निकम्मा, कृषि अनुदान मे कमिसन के चलखेल बन्द कर लगायत के नारा लगावत उलोग धर्ना मे बईठल रहलन ।

कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के प्रमुख डा. रामचन्द्र यादव से १० करोड रोपेया बराबर के अनुदान रकम फ्रिज भईल बारे मे पुछला पर चित्तबुझेवाला जवाफ ना देहला के बाद विरोध कईल मन्सुर बतवनी ।

‘कृषि ज्ञान केन्द्र कहले बा, कृषि मे आवद्ध ना भईल आदमीसब के चहलपहल बेसी देखल गईल बा । ज्ञान केन्द्र मे आईल बजेट खर्च होखे सकल नइखे,’ कहत उ, ‘वितरण भईल कृषि यन्त्रसब भी किसान तक पुगल नइखे । ओहिसे विरोध करेके पडल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button