केरोना ठिक होके एक युवती घर गईली

काठमाण्डु ६ वैशाख

कोभिड–१९ के सङ्क्रमण देखल गईल काठमाण्डु के १९ बरीस के एक युवती ईलाज के बाद घर फिर्ता गईल बाडि ।

टेकुस्थित शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवा रोग अस्पताल मे ईलाज करा रहल उ युवती घर फिर्ता भईल अस्पताल के निर्देशक डा सागरराज भण्डारी जानकारी देहनी । उनका मुताविक सङ्क्रमित युवती पूर्ण स्वस्थ होके घर फिर्ता भईल बानी ।

उ ४८ घण्टा मे दु बेर कोभिड–१९ नेगेटिभ अईला के बाद मरेजी के सभी अवस्था बढिया भईला के बाद घर फिर्ता कईल (डिस्चार्ज) बतवनी ।
उनका के २७ दिन तक अस्पताल मे ईलाज करके आजु घर फिर्ता कईल बा ।

फ्रान्स से बितल चईत ४ गते नेपाल आईल उनका के चईत १० गते सङ्क्रमण देखल गईला के बाद अस्पताल भर्ना करके आइसोलेशन मे ईलाज होत आईल रहे ।

एकरा से पहिले चीन के बुहान से आईल दोसर एक जने के भी सङ्क्रमण देखल गईला के बाद उहे अस्पताल मे हि ईलाज के बाद स्वस्थ होके घर फिर्ता पठावल गईल रहे ।

अब उ अस्पताल मे दु पुरुष के मात्र ईलाज हो रहल बा । नेपाल मे अभी तक सङ्क्रमित के सङ्ख्या ३० पुगल बा । शुक के दिने उदयपुर मे १२ आ चितवन मे दु जने मे सङ्क्रमण देखल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button