कोभिड–१९ः उच्च सतर्कता अपनावे खातिर ध्यानाकर्षण

काठमाण्डु १९ फागुन,
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे सांसद से कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण से नेपाली के जोगावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी । प्रतिनिधिसभा के शून्य समय मे अञ्जना विशुन्खे, अतहरकमाल मुसलमान, एकवल मियाँ, कलिला खातुन, तुलसा थापा, कृष्णभक्त पोख्ररेल, खगराज अधिकारी, गङ्गा चौधरी, छक्कबहादुर लामा, जिपछिरिङ लामा, जीवनराम श्रेष्ठ आ जुलीकुमारी महतो कोभिड–१९ से बँचे खातिर उच्च सतर्कता अपनावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।
मित्रराष्ट्र चीन से फईलल कोरोना भाइरस विश्व के ६४ देश मे फईलल, तीन हजार आदमी के मृत्यु भईल तथा करिब ८६ हजार आदमी मे सङ्क्रमण देखल जनावल गईल बा । विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन (डब्लुएचओ) भी नेपाल कोरोना भाइरस के उच्च जोखिम मे रहल बतावत आईल बा ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक से ‘नेपाल राष्ट्र बैंक (तिसरका संशोधन) विधेयक, २०७६ उपर विचार होखो’ कहके प्रस्ताव सर्वसम्मति से स्वीकृत कईले बा ।
सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा उ सम्बन्धी प्रस्ताव रखले रहनी ।
एहितरे पेट्रोलियम पदार्थ मे कर वृद्धि के विषय मे सदन के जानकारी करावे खातिर सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा सरकार के निर्देश देहले बानी ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे समाजवादी पार्टी के सांसद सरिता गिरी सभामुख सँगे समय माँग के बोलत मन्त्रिपरिषद् से अभी कईल पेट्रोलियम पदार्थ मे कर वृद्धि करेके निर्णय तत्काल फिर्ता लेवेके माग कइनी ।
सांसद गिरी कर के दायरा परिमार्जन करेके अधिकार संसारभर हि सार्वभौम संसद् के मात्र भईला पर भी नेपाल मे मन्त्रिपरिषद् मार्फत कर के दायरा मे वृद्धि कईला पर जनता मार मे पडल कहत सभामुख मार्फत सदन तथा सरकार के ध्यानाकर्षण करवले रहनी । उ कहनी कि, “सरकार आ आयल निगम से आपन आपन तरिका से कर लगईला पर जनता मार मे पडल बाडन । संसद् के सरकार छल कईले बा । कर के दायरा बढावे के अधिकार सार्वभौम संसद् के होखेवाला संसार मे अभ्यास भईला पर भी सरकार कर बढवले बा ।”
सांसद गिरी ई विषय मे एतवार के बईठक मे भी विषय उठावल जानकारी देत सभामुखमार्फत सरकार के निर्देश करे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
बईठक शुरु होखे मातर समाजवादी पार्टी के सांसद खडा होके विरोध जनवला के बाद सभामुख सापकोटा सांसद गिरी के बोलेके समय देहले रहनी । सांसद गिरी कहनी कि, “सरकार के कर प्रणाली के चलते जनता के सास्ती भईल बा, जनता के ८५ प्रतिशत कर के भार पडल बा, ई संसार मे कहुँ भी नइखे, दोहोरो कर प्रणाली के अन्त्य करेके पडि ।”






