कोरोना खोप के दुसरका मात्रा ८ हप्ता मे देहल जाई

काठमाण्डु १० फागुन
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय कोभिड १९ विरुद्ध के खोप के दुसरका मात्रा ८ हप्ता से १२ हप्ता के बीच मे देवेके निर्णय कईले बा ।
कोभिड–१९ खोप प्राविधिक सल्लाहकार समिति पहिलका खोप लगईला के ८ हप्ता से १२ हप्ता के समय मे दुसरका खोप देवे खातिर मन्त्रालय के सुझाव देहले रहे ।
‘हमनी प्रस्ताव के स्वीकार कईले बानी, दुसरका मात्रा लगावे के समय मे सूचना जारी कईल जाई’ स्वास्थ्य मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम बतवनी ।
एकरा से पहिले मन्त्रालय खोप के पहिलका मात्रा लगईला के २८ दिन के बाद दुसरका मात्रा देवेके बतावल गईल रहे ।
स्वास्थ्य सेवा विभाग अन्तर्गत बाल कल्याण तथा खोप महाशाखा प्रमुख डा. झलक गौतम के मुताविक विश्व स्वास्थ्य संगठन के खोपसम्बन्धी विज्ञलोग के समिति (सेज) के निर्णय के आधार मे उ प्रस्ताव कईल रहे । सेज पहिलका खोप लगावल ८ से १२ हप्ता के समय मे दुसरका मात्रा लगईला पर प्रभावकारी होखेके निर्णय कईले बा ।
खोप के दुसरका मात्रा जेतना देरी से गईला पर ओतना हि देह मे एन्टिबडी प्रभावकारी होखेके कोभिड–१९ खोप प्राविधिक सल्लाहकार समिति के संयोजक डा. श्यामराज उप्रेती बतवनी ।
‘हमनी २८ दिन के बाद दुसरका मात्रा लगावेके पडि कहला पर सेज अईसन निर्णय ना कईले रहे, पिछिलका परिमार्जित निर्णय मुताविक हमनी मन्त्रालय के अईसन सिफारिस कईले बानी’ डा. उप्रेती कहनी ।
खोप विज्ञ भी रहल डा. उप्रेती के मुताविक खोप के पहिलका मात्रा लगईला पर देश मे देखाई देवेवाला असरसब दुसरका मात्रा लगईला पर कम देखाई दि । एहितरे कोभिसिल्ड खोप से कोरोना के चलते होखेवाला मृत्युदर आ जटिलता के घटावेके भी बतवनी ।
उ, ‘खोप लेहल आदमी के संक्रमण होके गम्भीर असर ना कईला पर भी पाटेके सम्भावना भईला से जनस्वास्थ्य के मापदण्ड पालना करेके पडि ।’





