कोरोना भाइरस के चलते शिक्षा मे पडल असर विषयक वक्तृत्वकला प्रतियोगिता

वीरगंज २५ कुवार

पर्सा के धोबिनी आ जगरनाथपुर गाँवपालिका मे “कोरोना भाइरस के चलते शिक्षा मे पडल असर” विषयक वक्तृत्वकला प्रतियोगिता एतवार के दिने पुरा भईल बा ।

भिएसओ नेपाल आ दिव्य युवा क्लब के साझेदारी मे संचालित किशोरी शसक्तिकरण के खातिर शिक्षा कार्जक्रम अन्तर्गत अन्तराष्ट्रिय बालिका दिवस के अवसर मे धोबिनी गाँवपालिका के श्री कालि प्रसाल लाखे माध्यमिक विद्यालय लंगडी आ जगरनाथपुर गाँवपालिका के गाँव कार्यपालिका के कार्यालय जगरनाथपुर मे भईल प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।

धोबिनी गाँवपालिका मे भईल प्रतियोगिता मे बबिया खातुन प्रथम, नेहा खातुन द्वितिय आ सबुलम खातुन भईल बाडन ।

वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष मजिद मियाँ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे विद्यालय के प्रअ मदन प्रसाद कानु, भिएसो नेपाल के जिल्ला अधिकृत देबी न्यौपाने, आदित्य पटेल लगायत के लोग मन्तव्य रखले रहलन ।

एहितरे जगरनाथपु गाँवपालिका मे भईल प्रतियोगिता मे नुरवानी खातुन प्रथम, सुगान्धि कुमारी द्वितिय आ खुसबुन खातुन तृतिय भईल परियोजना संयोजक गणेश ठकुरी बतवनी ।

परियोजना संयोजक ठकुरी के अध्यक्षता आ वार्ड नं. २ के अध्यक्ष बिहारी महतो के प्रमुख आतिथ्यता मे प्रतियोगिता भईल रहे ।

प्रतियोगिता मे किशोरी सशक्तिकरण के खातिर विद्यालय बाहर रहल किशोरीलोग के मध्यनजर करत संचालन हो रहल वृज कक्षा मे अध्ययनरत ३२ जने किशोरीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button