कोरोना रोकथाम के विशेष प्याकेज लियावे खातिर मुख्यमन्त्री राउत के निहोरा

काठमाण्डु २५ सावन
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण रोकथाम के खातिर केन्द्र सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बाडन ।
सामाजिक विकासमन्त्री नवल किशोर साह आ मुख्य न्यायाधिवक्ता दीपेन्द्र झा सहित सिंहदरबार पुगल मुख्यमन्त्री राउत उपप्रधानमन्त्री ईश्वर पोखरेल, स्वास्थ्यमन्त्री भानुभक्त ढकाल आ श्रममन्त्री रामेश्वर राय से भेट करके ध्यानाकर्षण करवले बानी ।
भेट के समय मे मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश २ बहुते प्रभावित भईला से कोरोना भाइरस रोकथाम के खातिर विशेष प्याकेज लियावे खातिर सरकार से निहोरा कइनी ।
छलफल के समय मे तत्काल वीरगंज नेशनल मेडिकल कलेज मे कोभिड ईलाज के खातिर ५०० वेड के आइसोलेसन वार्ड व्यवस्थापन करेवाला किसिम से संघीय सरकार से निर्णय करेके उपप्रधानमन्त्री पोखरेल प्रतिवद्धता व्यक्त कइनी ।
मुख्यमन्त्री राउत के टोली प्रशासन तथा सुरक्षा निकाय के आउर चुस्त दुरुस्तरुप से काम करेके तथा सीमा क्षेत्र मे आउर कडाई करेके ओरी विशेष ध्यान देवेके बतवनी ।
तत्काल ५० हजार भीटीएम रिएजेन्ट के उपलब्धता तथा पीसीआर परीक्षण के खातिर दु गो आरएनए मेसिन उपलब्ध करावे के बारेमे छलफल भईल बा ।
प्रदेश नं. २ मे चिकित्सकलोग के विशेषज्ञ टोली तत्काल पठावेके तथा सभी निजी अस्पतालसब मे कम्ति मे २० प्रतिशत आइसोलेसन वेड उपलब्ध करावे खातिर भी ध्यानाकर्षण करवले बा ।
मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश नं. २ मे रहल गम्भीर मरेजी के तत्काल काठमाण्डु लियावेवाला किसिम से हेलिकप्टर तईयारी अवस्था मे राखे खातिर निहोरा कइनी ।






