कोरोना संक्रमणबाट एके दिन २० जने के मृत्यु

काठमाण्डु १३ भादो

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से एके दिन २० जने के मृत्यु भईल बा । पर्सा आ महोत्तरी के ३÷३ जने, काठमाण्डु, भक्तपुर आ ललितपुर के २÷२ जने, सिराहा, पाल्पा, कास्की, गोरखा, बारा, मोरङ, रौतहट आ नवलपुर के एक÷एक जने के भी मृत्यु भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसख्या मन्त्रालय दुपहरिया के नियमित प्रेस ब्रिफिङ के समय मे १२ जने के मृत्यु भईल कहले बा । एमे महोत्तरी के ३, पर्सा, बारा, मोरङ, रौतहट आ नवलपुर के एक÷एक जने के तथ्यांक जुडेके बाँकी बा ।

काठमाण्डु–२१ जैशीदेवल, काठमाण्डु के ५१ बरीस के जनानी के पाटन अस्पताल मे ईलाजज के समय मे मृत्यु भईल बा । ३० सावन मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद अस्पताल भर्ना भईल उ उच्च रत्तचाप के मरेजी रहनी ।

काठमाण्डु–३ बसुन्धरा, काठमाण्डु के ८३ बरीस के पुरुष के सशस्त्र प्रहरी अस्पताल, बलम्बु मे मृत्यु भईल बा । बीपी स्मृति सामुदायिक अस्पताल मे ईलाज करा रहल उनका शुक के दिने मात्र बलम्बु मे लेगईल रहे ।

भक्तपुर के ६२ बरीस के कोरोना संक्रमित जनानी के पाटन अस्पताल मे शनिचर के दिने मृत्यु भईल बा । उ ८ भादो मे अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

शुक के दिने भक्तपुर अस्पताल मे मृत्यु भईल भक्तपुर–३ भक्तपुर के ८२ बरीस के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । श्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद अस्पताल पुगल मधुमेह के मरेजी उनका निमोनिया भी भईल रहे ।

बियफे के दिने मृत्यु भईल ललितपुर–३२ धापाखेल, ललितपुर के ७२ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

मिर्गौला रोग से पीडित उ ११ गते पाटन अस्पताल भर्ना भईल रहलन आ मृत्यु भईल बिहान भईला संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

महालक्ष्मी–१, ललितपुर के ६१ बरीस के पुरुष के काठमाण्डु मेडिकल कलेज, सिनामंगल मे मृत्यु भईल बा । मधुमेह के मरेजी उ ७ गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन आ ८ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

भादोया–६ सिराहा के ८४ बरीस के पुरुष के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा । खोकी, बोखार आ श्वासप्रश्वास के समस्या देके ६ भादो मे अस्पताल भर्ना भईल उनका संक्रमण भईल बिहान भईला पुष्टि भईल रहे ।

तानसेन–८ पाल्पा के ३० बरीस के जनानी के लुम्बिनी मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण लेके भर्ना भईल उनका संक्रमण भईल ७ भादो मे पुष्टि भईल रहे । पोखरा–१४, कास्की के ५८ बरीस के पुरुष के पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा ।

भादो ७ गते पेट के अपरेशन कईल उनका १० गते कोराना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अस्पताल भर्ना कईल रहे । वीरगंज–२६, पर्सा के ४८ बरीस के पुरुष के वीरगंज हेल्थकेयर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

नेशनल मेडिकल कलेज से रिफर होके कोरोना विशेष अस्पताल मे आईल कुछ समय मे उनकर मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज–१२, पर्सा के ३९ बरीस के काठमाण्डु लियावे के समय रास्ता मे मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज–१२, पर्सा के ६५ बरीस के जनानी के नारायणी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । पेटझरी भईला के साथे श्वास प्रश्वास मे समस्या होके शुक के दिन के अस्पताल भर्ना भईल रक्तचाप भी बहुते कम रहे ।

गोरखा नगरपालिका–१३, गोरखा के ३८ बरीस के पुरुष के भरतपुर अस्पताल, चितवन मे शुक के दिने मृत्यु भईल बा । ६ भादो मे अस्पताल भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल १० गते पुष्टि भईल रहे ।

महोत्तरी के ६२ बरीस के जनानी के शनिचर के दिन के १ः३० बजे पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।
पिपरा गाँवपालिका–७, महोत्तरी के ७० बरीस के पुरुष के मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उनकर प्रादेशिक अस्पताल, जनकपुरधाम मे शुक के दिने मृत्यु भईल रहे । भंगहा नगरपालिका–१, महोत्तरी के ३५ बरीस के पुरुष के मृत्यु के बाद संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बोखार आ सरदी खोकी के साथे साँस लेवेमे समस्या भईला के बाद उनका के शुक के दिने प्रादेशिक अस्पताल भर्ना भईल उनकर शनिचर के दिने मृत्यु भईल रहे ।

निजगढ, बारा के ४७ बरीस के जनानी के चितवन मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । मिगौृला रोग से पीडित उनका डायलालसिस करे खातिर २७ सावन मे अस्पताल लियावल रहे । उहे समय मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद ईलाज होत रहे ।

शनिचर के दिने न्यूरो अस्पताल, बिराटनगर मे मृत्यु भईल पथरी शनिश्चरे–२, मोरङ के ६१ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

३ भादो मे अस्पताल भर्ना भईल उनकर कोरोना परीक्षण के खातिर बियफे के दिने स्वाब संकलन कईल रहे माकिर शनिचर के सबेरे मृत्यु भईल उनकर दिन के पोजेटिभ रिपोर्ट आईल बा ।

गम्हरिया–३, रौतहट के ३० बरीस के पुरुष के अस्थायी कोभिड अस्पताल वीरगंज हेल्थकेयर वीरगंज मे मृत्यु भईल बा ।

भादो ११ गते नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि भईला के बाद शुक के दिने कोभिड अस्पताल लेगईल रहे ।

विनयी त्रिवेणी–६, नवलपुर के ६२ बरीस के पुरुष के चितवन मेडिकल कलेज मे शनिचर के सँझिया मृत्यु भईल बा ।

निमोनिया होके भादो ४ गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर सघन कक्ष (आइसीयू) मे भेन्टिलेटर के सहायता मे ईलाज होत रहे आ शनिचर के दिने मात्र कोरोना संक्रमण पुस्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button