कोरोना संक्रमण से आउर ५ जने के मृत्यु, ३३८ संक्रमित थपईलें

काठमाण्डु २६ सावन,

पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से आउर ५ जने के मृत्यु भईल बा ।

तीन जने संक्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा आ दु जने मे मृत्यु के बाद संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु–१० मध्यबानेश्वरके ७६ बरीस के पुरुष के मेडिकेयर अस्पताल मे ईलाज के समय मे सोमार के दिने मृत्यु भईल बा ।

कीर्तिपुर–२ ट्याङ्लाफाँट के ६४ बरीस के पुरुष के ईलाज के समय मे मेडिसिटी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

निमोनिया आ मधुमेह के मरेजी यन के १५ गते अस्पताल भर्ना कईल रहे आ उनकर सोमार के सबेरे मृत्यु भईल बा ।

एहितरे वीरगंज के कोरोना विशेष अस्पताल, गण्डक मे ईलाज के समय मे एतवार के दिने मृत्यु भईल वीरगंज–१५ भेडियाही के ४५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

शनिचर के दिने मृत्यु भईल धनुषा के मिथिला बिहारी नगरपालिका–५ के ४५ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सोमार के दिने ललितपुर के किस्ट अस्पताल मे काभ्रे पाँचखाल के ५० बरीस के एक जनानी के मृत्यु भईल बा ।

निमोनिया के ईलाज करावे खातिर एतवार के दिन के १ बजे अस्पताल पुगल उनकर कोरोना परीक्षण कईला पर संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के चिफ अपरेटिङ अफिसर अमिश पाठक जानकारी देहनी । उनकर आईसीयू मे ईलाज हो रहल समय मृत्यु भईल बा ।

एकरा सँगे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ८१ पुगल बा ।

स्वास्थ्य मन्त्रालय के तथ्यांक मे धनुषा आ काभ्रे के मृत्यु अपेडट होखेके बाँकी भईला से ७९ मात्र देखल गईल बा ।

३३८ जने संक्रमित थपईलें
एहितरे ३३८ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

देशभर के प्रयोगशाला मे ८ हजार ४३२ नमुना परीक्षण कईला पर उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
मन्त्रालय के मुताविक सब से बेसी बाँके मे ६३ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।

एहितरे काठमाण्डु के ३६, रौतहट के ३१, मकवानपुर के २३, पर्सा के २२, सर्लाही के २१, दैलेख के १७, प्युठान आ मोरङ के १५÷१५ जने, धनुषा के १३ आ कपिलपस्तु के ११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कैलाली आ सल्यान के ७÷७ जने, सिन्धुली ६, दाङ ५, ललितपुर, भक्तपुर आ नुवाकोट के ४÷४ जने, महोत्तरी, बारा आ गोरखा के ३÷३ जने, मोरङ, बर्दिया, तनहुँ आ नवलपुर के २÷२ जने तथा झापा, अछाम, अर्घाखाँची, बाग्लुङ, सिन्धुपाल्चोक, चितवन, स्याङ्जा, रोल्पा, सुर्खेत, बैतडी, बझाङ, पाल्पा, रामेछाप, रुपन्देही के एक–एक जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे नेपाल मे कुल कोरोना संक्रमित के २३ हजार ३१० संख्या पुगल बा ।

उलोग मेसे ८० जने के मृत्यु भईल बा आ १६ हजार ४९३ जने ठिक भईल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र १४० जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button