कोरोना संक्रमण से नेपाल मे आउर एक के मृत्यु, २७८ संक्रमित थपईलें

काठमाण्डु २३ जेठ,

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के चलते आउर एक जने के मृत्यु भईल बा आ दु सय ७६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक सुर्खेत पञ्चपुरी नगरपालिका–१ हाँसे के २० बरीस के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा ।

जेठ ७ गते भारत से आईल उ विद्यापुर के जनता मावि के क्वारेन्टिन मे १४ दिन रहला के बाद आरडीटी टेस्ट करके घर गईल रहलन । घर गईल रात उनकर मृत्यु भईल रहे ।

सुर्खेत मे पीसीआर विधि से कईल परीक्षण से उनका मे कोरोना संक्रमण देखवले बा । एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ११ पुगल मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे थपाईल संक्रमित मेसे ९१ जने दैलेख के बाडन । थपाईल संक्रमित मेसे ६४ जने महाबु गाँवपालिका आ २७ जने मे दुल्लु नगरपालिका के क्वारेन्टिन मे बाडन ।

एहितरे, जुम्ला के चन्दननाथ नगरपालिका मे तीन जने आ जाजरकोट के भेरी नगरपालिका–१० के एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जुम्ला मे कार्यरत हुम्ला, दोलखा, रामेछाप आ गोरखा के एक÷एक जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा

मे दु संक्रमित थपाईल बाडन । पञ्चपुरी गाँवपालिका–१ के १८ बरीस के आ सिम्टा के २४ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे कपिलवस्तु मे ४४ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग सभी यशोधरा के हउवन । संक्रमित होखेवाला मे ८ महिने लईका भी रहल बाडन ।

रुपन्देही, सैनामैना के १८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित मेसे एक ४८ जनानी बाडि आ ११ जने १८ से ५० बरीस के पुरुष बाडन ।

नवलपरासी के २१ आ ३२ बरीस के पुरुष, अर्घाखाँची सितागंगा के ३६ बरीस के पुरुष आ पाल्पा के ४५ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे काठमाण्डु के ह्याम्स अस्पताल मे ईलाज करा रहल दु मरेजी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । गुल्मी चन्द्रकोट के ७६ बरीस के पुरुष आ कास्की के ६० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे, रामेछाप मे १७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग १७ से ४९ बरीस के बानड । एहितरे काभ्रे मे ५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उलोग मेसे तीन जने रोशी गाँवपालिका के हउवन आ पनौती नगरपालिका मे एक आ पाँचखाल नगरपालिका मे एक जने बाडन ।

सिन्धुली के तीनपाटन आ कमलामाई के एक एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सुनसरी के २१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । झापा मे १२ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग मेसे १० जने कचनकवल गाँवपालिका के १० से २८ बरीस के पुरुष हउवन आ गौरादह के २० बरीस के आ गौरीगंज के ३५ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे, मोरङ रतुवामाई के ६ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । उलोग १५ से ३० बरीस के बाडन । भोजपुर मे पाँच जने संक्रमित थपाईल बाडन । षडानन्द गाँवपालिका के उलोग १७ से ३२ बरीस के बाडन ।

महोत्तरी जलेश्वर मे १७ जने संक्रमित मिलल बाडन । उलोग १४ से ४५ बरीस के बाडन ।
रौतहट के गुजरा क्वारेन्टिन मे रहल ६ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा । धनुषा देवपुरा के ४ जने के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल बा । उलोग २० आ २१ बरीस के बाडन ।

बारा बारागढी गाँवपालिका के २६ आ २७ बरीस के पुरुष आ विश्रामपुर के २० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।तनहुँ रिसिङ के ३९ आ ४० बरीस के दु पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

डडेलधुरा गन्यापधुरा के ५ जने, कैलाली के धनगढी के ४ जने, अछाम साँफेबगर के २९ बरीस के आ बझाङ देउलेख के २६ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button