कोरोना से नेपाल मे पाँच वा आदमी के मृत्यु

काठमाण्डु १४ जेठ
कोरोना संक्रमण से नेपाल मे आउर एक जने के मृत्यु भईल बा ।
ललितपुर महानगरपालिका–२२ बुङमती के एक पुरुष के मृत्यु के बाद कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
अस्पताल के निर्देशक डा. सुरज बज्राचार्य के मुताविक उनकर बुध के दिन के ४ बजे मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु के बाद आईल पीसीआर रिपोर्ट के नतिजा पोजिटिभ देखल गईल निर्देशक बज्राचार्य के कहनाम बा ।
“कोरोना के चलते ललितपुर महानगरपालिका–२२ बुङमती घर भईल ५७ बरीस के एक पुरुष के मृत्यु भईल बा”, कहके बतवनी ।
मृतक के लास अस्पताल मे बा ।
अस्पताल सिल करे खातिर उहाँ पुलीस पुगल डा. बज्राचार्य बतवनी । एकरा से पहिले नेपाल मे चार जने के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भइल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय उनकर मृत्यु कोरोना के चलते भईल औपचारिक पुष्टि नइखे कईले ।
जेठ ११ गते पाटन अस्पताल पुगल उ पुरुष के उहाँ आईसीयू ना भईल कहत ग्वार्कोस्थित किस्ट अस्पताल मे रिफर कईल रहे ।
जेठ ११ गते अस्पताल के आईसीयू मे राखल उनका के १२ गते भेन्टिलेटर मे राखल रहे ।
१२ गते भेन्टिलेटर मे राखला के बाद उनकर थ्रोट स्वाब परीक्षण के खातिर पठावल गईल रहे ।
स्वाब परीक्षण के पीसीआर रिपोर्ट मृत्यु के बाद पोजिटिभ आईल किस्ट अस्पताल के निर्देशक बज्राचार्य बतवनी । बुध के दिने मात्र नेपाल मे एक सय १४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।




