कोष मे रु एक अरब ३२ करोड से बेसी पईसा जम्मा

काठमाण्डु २४ चईत,

सरकारद्वारा स्थापना कईल ‘कोरोना भाइरस सङ्क्रमण रोकथाम तथा उपचार कोष’ मे अभी तक रु एक अरब ३२ करोड १२ लाख २२ हजार ६३७ सङ्कलन भईल बा ।

कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण रोकथाम, नियन्त्रण तथा ईलाज के खातिर सहजोग करे खातिर सरकार से स्थापना कईल उ कोष मे एतवार के दिने मात्र रु १३ करोड १७ लाख ११ हजार ७५० जम्मा भईल प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् कार्यालय के प्रवक्ता राजेन्द्र पौडेल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक नेपाल दुरसञ्चार कम्पनी लिमिटेड रु १२ करोड, नेपाल पारवहन तथा गोदाम व्यवस्था कम्पनी रु ५० लाख, सिभिल बैंक लिमिटेड रु ४३ लाख ५० हजार, मेलम्ची नगरपालिका रु आठ लाख दु हजार ९४८ आ दुर्गाबहादुर क्षेत्री रु तीन लाख कोष मे जम्मा कईले बाडन ।

एहितरे कोष मे नाम ना खुलल तथा एक लाख से कम सहजोग करेवाला अनेकन आदमी÷संस्था से कूल रु १२ लाख ५८ हजार ८०२ जम्मा भईल बाडन । कोरोना भाइरस सङ्क्रमण रोकथाम के खातिर सरकार रकम जम्मा करे खातिर आह्वान कईला के बाद कोष मे रकम जम्मा होखेके क्रम बढल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button