क्राइम टोली आ क्यू.आर.टी के संरक्षण मे पर्सा मे जुवातास खेलावल जा रहल

वीरगंज २७ कातिक
पर्सा जिल्ला के बिश्रामपुर मे क्राइम टोली आ क्यू.आर.टी. टोली के संरक्षण मे जुवातास खेला रहल रहस्य बाहर आईल बा ।
हिन्दुलोग के महान चाड दशहरा, दिपावली आ छठ पर्व के अवसर मे पुलीस आपन फायदा के खातिर जुवा खेलावे मे सहजोग कर रहल बिश्रामपुर के एक युवक बतवले बाडन ।
युवक आपन नाम ना छापेके शर्त मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राइम टोलि आ क्यू.आर.टी टोलि के लाखो रोेपेया नजराना देहला के बाद जुवा खेला रहल आरोप लगवनी ।
आपन घर के बगल मे अईसन गतिविधि ना करे खातिर पुलीस के कहला पर भी कुछ कर्मचारी के चलते यईसन गतिविधि बढल उ बतवनी ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गङ्गा पन्त आपन मातहत मे खटल पुलीस के जेतना इमान्दारिता पूर्वक काम करे खातिर निर्देशन देहला पर भी उनकरे मातहात मे खटल पुलीस पन्त के निर्देशन के धज्जी उडावत जुवा खेलेके निर्देशन देहल बतावल गईल बा ।
महिना के १० लाख रोपेया नजराना क्राइम टोलि आ क्यू आर टी टोलि लेहला के बाद जुवाडीलोग के जुवा खेलेके निर्देशन देहल दोसर एक स्थानीय आरोप लगवनी ।
ई बिषय मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गङ्गा पन्त से बुझला पर गलत आ लापरबाही तरिका से काम करेवाला जे केहु पुलीस के कानून के दायरा मे लियावे के बतवनी ।
उ कानून से उपर केहु ना भईल आ कानून विपरीत काम करेवाला जे केहु के भी कानून के दायरा मे लियावे के बतवनी ।





