गण्डकी प्रदेशसभा : नीति तथा कार्जक्रम उपर छलफल

पोखरा, २१ जेठ

गण्डकी प्रदेशसभा के आजु के बईठक मे सरकार के नीति तथा कार्जक्रम उपर के छलफल मे भाग लेत प्रदेशसभा सदस्य गायत्री गुरुङ प्रदेश के विकास तथा समृद्धि के खातिर नीति तथा कार्जक्रम लक्षित रहल बतवले बानी ।

उ कोरोना भाइरस सङ्क्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर स्पष्ट दृष्टिकोणसहित सरकार से अगाडि बढल बतावत नीति तथा कार्जक्रम से मानव स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि, पर्यटन लगायत के समेटेके खोजल बा कहनी ।

सदस्य कृष्णबहादुर थापा सरकार के नीति तथा कार्जक्रम वैज्ञानिक आ लोकतान्त्रिक भईल उल्लेख करत प्रदेशसभा सदस्य के क्षमता वृद्धि करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

देश मे देखल गईल कमिशनतन्त्र नियन्त्रण के खातिर प्रभावकारी ऐन कानुन बनावे के जरुरत रहल बतावत उ कोरोना भाइरस सङ्क्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सरकार प्रतिबद्ध होके लागल बतवनी ।

सदस्य भगवत प्रकाश मल्ल स्रोत के पहिचान ना भईला पर सरकार के नीति तथा कार्जक्रम के प्रभावकारी कार्यान्वयन मे शङ्का उत्पन्न भईल उल्लेख करत सार्वजनिक खरिद ऐन सुधार करेके बात मे जोड देहनी ।

प्रस्तुत नीति तथा कार्जक्रम प्रचारमुखी देखल गईल बतावत उ दक्ष जनशक्ति के कमी मे मुख्यमन्त्री जलवायु नमूना कृषिगाँव कार्जक्रम के कार्यान्वयन मे समस्या आवेके बतवले बानी ।

सदस्य मीना गुरुङ कोरोना के चलते शिथिल अर्थतन्त्र के उठावेवाला किसिम से नीति तथा कार्जक्रम आईल बतावत पाँच प्रतिशत ब्याज मे कर्जा लगानी करेके नीति से उद्योगी तथा व्यवसायी मे कुछ राहत प्रदान करेके बतवनी ।

योगदान मे आधारित सामाजिक सुरक्षा सम्बन्ध मे स्पष्ट नीति लियावल जरुरी भईल उल्लेख करत उ मानवसेवा आश्रम जईसन संस्था के संरक्षण करेके बात मे जोड देहनी ।

सदस्य दीपक थापा प्रदेश आ स्थानीय तहबीच समन्वय करेवाला किसिम के प्रभावकारी व्यवस्थापन होखेके बात मे जोड देत आत्मनिर्भर अर्थतन्त्र के विकास अभी के जरुरत भईल बतवनी ।

सदस्य मणिभद्र शर्मा सीमा क्षेत्र से आवेवाला नागरिक के समय मे व्यवस्थापन करे ना सकला पर बहुते समस्या आईल बतावत क्वारेन्टिन के उचित व्यवस्थापन करे खातिर निहोरा कइनी ।

राष्ट्रिय सङ्कट मे सभी के साथ लेके जाएके सरकार से ओईसन ना कईल आरोप लगावत उ राहत वितरण प्रभावकारी बने ना सकल अवस्था मे व्यक्तिगतरूप मे राहत उपलब्ध करावे के खोजला पर उ आदमी मे डेरवावे के खोजल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button