ग्रामिण क्षेत्र के जोडेवाला तिलावे पुल संचालन मे लियावे खातिर तरुण दल पर्सा प्रजिअ के बुझवलख ज्ञापन

वीरगंज ३२ जेठ
पर्सा के ग्रामिण क्षेत्र के जोडेवाला तिलावे पुल संचालन के माग करत नेपाल तरुण दल पर्सा आजु पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
तरुण दल पर्सा के सचिव बिबेक कुमार चौरसिया के नेतृत्व मे रहल टोली पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के ज्ञापनपत्र बुझवले बानी ।
सचिव चौरसियाद्वारा हस्ताक्षरित बुझावल ज्ञापन पत्र मे पर्सा के सदरमुकाम वीरगंज से जोडेवाला हुलकी राजमार्ग बहुते हि सम्बेदनशिल तिलावे नदी पुल रहल बा ।
बितल ६ बरीस से पप्पु कन्स्ट्रक्सन से ठेक्का साकार कईल पुल बनावे मे चरम लापरबाही करके पुल अलपत्र बनावल तथा बैकल्पिक रास्ता प्रयोग करके आवतजावत तथा समानसब के दुवानी मे बहुते समस्या हो रहल जनावल गईल बा ।
पुल पारी पश्चिम ओरी रहल सभी उधोगधन्दा तथा जनजीवन प्रभावित भईल उपर नेपाल तरुण दल पर्सा के गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल विज्ञप्ति मे उल्लेख कईल गईल बा ।
पानी पडला पर बैकल्पिक रास्ता भी बन्द होखेवाला भईला से उहाँ के चालू अवस्था मे पुराना पुल के ठेकेदार ६÷७ महिना से आवतजावत बन्द कईला से उ जगहा के स्थानिय के जनजीवन कष्टकर बनत गईल बा ।
कुछ दिन भितर बर्षातऋतु सुरु होखेवाला भईला से पुल के बैकल्पिक रास्ता अचानक बितल बरीस जईसन पानी से दहवईला पर यातायात बन्द होखेके अवस्था के मध्यनजर करत पुराना पुल जलदी सञ्चालन करे खातिर नेपाल तरुणदल पर्सा ज्ञापन पत्र मार्फत जोडदार माग कईले बा ।
निर्माणधिन पुल के समय सिमा भितर निर्माण पूरा करोवेके आ एक हप्ता भितर पुराना पुल के ब्यवस्थित करके सञ्चालन मे लियावे के माग कईल गईल बा । हमनी के माग समय मे हि सम्बोधन ना भईला पर नेपाल तरुण दल पर्सा कडा संघर्ष मे जाएमे बाध्य होखी कहके चेतावनी भी देहल सचिव चौरसिया बतवले बानी ।
ज्ञापनपत्र बुझावेवाला मे तरुण दल के अनिल यादव, फर्णिन्द्र पटेल, मिक सिंह, उपनेश चौरसिया, जङ्ग बहादुर पटेल, बिकाश तिवारी, केसव मिश्रा, साबिर हुसेन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






