घुर तापेके समय जरके घायल भईल सायरा के मृत्यु

वीरगंज १५ फागुन,

घुर तापेके समय मे आगी से जर के घायल भईल पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका–५ भिश्वा के ५० बरीस के सायरा खातुन के आजु मृत्यु भईल बा ।
जरके गम्भीर घायल भईल सायरा के ईलाज के समय मे कीर्तिपुरस्थित वर्न अस्पताल मे बुध के रात साढे १० बजे के समय मे मृत्यु भईल बा ।

पईसा ना भईला के चलते फागुन ४ गते सबेरे आगी से जर के घायल भईल सायरा के ईलाज मे समस्या भईल रहे । स्थानीय सामाजिक कार्यकर्ता से गाँवपालिका मार्फत एम्बुलेन्स के व्यवस्था कईला के बाद नारायणी अस्पताल वीरगंज मे ईलाज के खातिर लियावल गईल रहे ।

नारायणी अस्पताल मे अभ्यास के खातिर गईल हिमाल इन्स्टिच्युट अफ हेल्थ साइन्स मे एचए अध्ययनरत विद्यार्थीलोग नास्ता खर्च से पइसा बँचा के ईलाज मे सहजोग कईले रहलन ।

बाद मे वीरगंज मे सामाजिक अभियन्तालोग उनकर ईलाज के खातिर सहजोग संकलन अभियान सञ्चालन कईले रहलन । सामाजिक संजाल फेसबुक मार्फत सञ्चालित अभियान से पइसा संकलन होखे लागला के बाद उनका के आउर ईलाज के खातिर फागुन ६ गते कीर्तिपुरस्थित वर्न अस्पताल मे लेगईल गईल रहे ।

अभियान मार्फत ७१ हजार ५ सय संकलन भईल सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु जानकारी देहनी । “सायरा के अवस्था क्रिटिकल रहे, थाइराइड, ब्लड प्रेसरर सुगर के मरेजी रहनी । चिकित्सक बेर बेर अप्रेशन करके खोजला पर अनुकुलता ना मिलल रहे,” कहत उ, “ईलाज मे आर्थिक कमी ना होखो कहके हमनी सकेभर प्रयास कईले रहनी, माकिर बँचावे ना सकनी ।”
अस्पताल के अन्तिम खर्च विवरण आवेके बाँकी रहल जानकारी देहनी ।

काठमाण्डु मे सायरा के ईलाज मे सहजोग करत आईल नर्स मिरा केसी पोष्टमार्टम के बाद सायरा के लास परिवार के जिम्मा लगावे के तइयारी हो रहल जानकारी देहनी । “फार्मेसी मे १६ हजार तीन सय रोपेया भईल रहे, उ तिरल गईल बा,” कहत उ, “अस्पताल के खर्च विवरण आवेके बाँकी बा, अब कानुनी प्रक्रिया पूरा करके लास परिवार के जिम्मा लगावल जाई” अस्पताल श्रोत जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button