चुरे संरक्षण तथा पर्यटन प्रवद्र्धन फाउन्डेसन नेपाल पर्सा गठन

वीरगंज २२ कातिक
चुरे संरक्षण तथा पर्यटन प्रवद्र्धन फाउन्डेसन नेपाल पर्सा के ११ सदस्यीय कार्य समिति गठन भईल बा ।
होटल हिरा प्लाजा वीरगंज के सभाहल मे भईल भेला से अमिताभ बच्चन दास के अध्यक्षता मे समिति गठन भईल बा ।
जेकर उपाध्यक्ष मे दिनेश यादव, सदस्य सचिव मे सुनिल रौनियार, कोषाध्यक्ष मे जुनु तामाङ, सदस्यलोग मे तबरेज आलम, बिनोद चौधरी, सन्ध्या पटेल, अष्ट लोपचन, बालकुमार बस्नेत, मान बहादुर श्रेष्ठ आ अनुखा सुनुवार रहल बानी ।
भेला के प्रमुख अतिथि पूर्व राष्ट्रिय खेलकुद परिषद सदस्य सचिव तथा बरिष्ठ चलचित्रकर्मी युवराज लामा वातावरण सन्तुलन राखे खातिर चुरे बँचावल जरुरी रहला मे जोड देत चुरे संरक्षण के खातिर ई समिति भरमग्दुर प्रयास करेके सुझाव भी देहनी ।
उ अवसर मे होटल व्यवसायी संघ बारा के अध्यक्ष मोहन शर्मा, ग्रामिण कुखुरा व्यवसायी संघ के अध्यक्ष बालकृष्ण श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल समिति के सदस्य तबरेज आलम बतवले बानी ।






