जनकपुर मे कालाबजारी करेवाला दु जने पकडईलें

जनकपुरधाम १४ चईत,

दोकान मे खाना बनावेवाला ग्यास राख के भी बिक्री ना करेके आ नुन मे कालाबजारी कईल आरोप मे जनकपुरधाम से पुलीस दु जने के पकडले बा ।

सरकार से जारी कईल लकडाउन के समय मे ग्यास राख के भी सेवाग्राही के बिक्री ना करेके आ नुन प्रति किलो ३५ रोपेया के दर से बिक्री करेवाला के शुक के दिने पकडल गईल धनुषा पुलीस जनवले बा ।

पकडाएवाला मे जनकपुरधाम उपमहानरपालिका–११ रहेवाला ४५ बरीस के जयप्रकाश साह आ वार्ड नम्बर १४ रहेवाला ४७ बरीस के नरेश साह बाडन ।

जयप्रकाश ग्यास राख के बिक्री ना कईल आ नरेश नुन महँगा मे बिक्री कईल मिलला के बाद पकडाईल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता एवं डीएसपी रामेश्वर कार्की जानकारी देहनी ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा से खटल टोली उलोग के पकडल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button