जनकपुर मे ३ बरीस के लईकी सहित ११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम ११ असाढ

तीन बरीस के लइकी सहित ११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

धनुषा के मिथिला नगरपालिका २ नक्टाझिज स्थित जनता माध्यमिक विद्यालय के क्वारेन्टाइन मे रहल तीन बरीस के लइकी सहित ११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे बुध के दिने मिथिला नगरपालिका के ४ जनानी आ ७ पुरुष करके कुल ११ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मिथिला नगरपालिका के क्वारेन्टाइन संयोजक अशोक भण्डारी जानकारी देहनी ।

भण्डारी के मुताविक मिथिला नगरपालिका ३ के २ पुरुष आ २ जनानी करके ४ जने, वार्ड नं. ४ के २ पुरुष, वार्ड नं. ५ के एक लइकी सहित २ जनानी, वार्ड नं. ६ के १ पुरुष आ वार्ड नं. ८ के १ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

संक्रमण पुष्टि भईललोग भारत के अनेकन जगहा से अनेकन समय मे नेपाल आईल रहलन । उलोग सभी के क्वारेन्टाइन मे राखल रहे ।

उलोग के रिपोर्ट पोजिटिभ अईला के बाद आइसोलेसन मे राखल नगरपालिका के मेयर हरिनारायण महतो जानकारी देहनी । संक्रमित मेसे एक जने स्वास्थ्यकर्मी भी रहल उनकर कहनाम बा । उ उहे क्वारेन्टाइन मे कार्यरत भी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button