जनमत पार्टी पर्सा के अध्यक्ष मे युवा नेता साह चयन

वीरगंज ०३ सावन

जनमत पार्टी पर्सा के ईन्चार्ज मे पर्सा जिल्ला झखरा मसिहानी निवासी युवा नेता सन्तोष साह चयन भईल बानी ।

पार्टी के परिच्छेद–९, धारा–२३ बमोजिम केन्द्रिय अध्यक्ष के अनुमोदन मे जनमत पार्टी के पर्सा जिल्ला के ईन्चार्ज मे साह आ सह–ईन्चार्ज मे रेशमकोठी बीरगंज निवासी ई. राहुल रौनियार के नियुक्त कईल पार्टी के संस्थापक केन्द्रिय सदस्य ई. दिपक कुमार साह बतवले बानी ।

पार्टी पर्सा के ईन्चार्ज साह आ सह–ईन्चार्ज रौनियार के पार्टी पर्सा के नेता तथा कार्यकर्तालोग टिका, माला पहिना के भव्य रुप मे स्वागत सम्मान कईले रहनी ।

पार्टी के पर्सा ईन्चार्ज मे साह चयन भईला के बाद पार्टी पर्सा के बईठक बईठके अनेकन निर्णयसब कईले बा ।

शनिचर के दिने पार्टी कार्यालय वीरगंज मे बईठल बईठक से तदर्थ जिल्ला समन्वय समिति से समन्वयकारी भुमिका निर्वाह करके ३ महिना भितर बुथ समिति, वार्ड समिति, गाँवपालिका÷ नगरपालिका÷ उपमहानगरपालिका÷महानगरपालिका समिति, प्रदेशसभा आ प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र समिति निर्माण करे खातिर अनेकन आदमीसब के जिम्मेवारी तोकल गईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका के ३२ गो वार्ड के कमिटि गठन करे खातिर सह–संयोजक ई. राहुल रौनियार के, पर्सा क्षेत्र नं. ४ के सभी कमिटि गठन करेके जिम्मा जिल्ला संयोजक सन्तोष साह, पर्सा क्षेत्र नं. १ (ख) के सभी कमिटि गठन करेके जिम्मा महिला नेतृ अनिता रौनियार, पर्सा क्षेत्र नं. ३ के कमिटि गठन करे खातिर अमित शर्मा के तोकल पार्टी पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button