जरुरी सामान के उत्पादन, ढुवानी आ वितरण करेके समिति के निर्णय

काठमाण्डु १४ चईत

नोभल कोरोना (कोभिड–१९) बेमारी के सङ्क्रमण, रोकथाम तथा नियन्त्रण सम्बन्धी उपप्रधानमन्त्री तथा रक्षामन्त्री ईश्वर पोखरेल के संयोेजकत्व मे गठित उच्चस्तरीय समन्वय समिति कोभिड–१९ नियन्त्रण के खातिर अभी तक कईल काम के समीक्षा कईले बा ।

प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय मे आजु बईठल समन्वय समिति के बईठक मे कोभिड–१९ रोकथाम आ नियन्त्रण करे खातिर सरकार से कईल प्रयास से नागरिक के पडल प्रभाव के बारे मे अनेकन कोण से छलफल कईल सरकार के प्रवक्ता एवं सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री डा युवराज खतिवडा जानकारी देहनी ।

समिति आदमी के आवागमन के नियन्त्रण करके दैनिक उपभोग्य सामान के आपूर्ति के नियमित करेवाला चुनौती के बीच मे भी जरुरी सामान के उत्पादन, ढुवानी आ वितरण सँगे ग्राहक के आवागमन के ना रोकेके निर्णय कईले बा ।

उ कहनी कि, “कहु खाद्य सामान के ढुवानी के साधन रुकल बा, सामान्य किनमेल करे गईला पर कुछ रुकल बा, भा कहीँ भन्सार विन्दु से बजार विन्दु तक अवरोध भईल बा आ ओकरा के सहजीकरण करेके निर्णय भईल बा ।”

नागरिक से संयमित होके, कुछ दूरी कायम करके, भीडभाड ना करके आपन स्वास्थ्य सुरक्षा ख्याल करके मात्र किनमेल करे खातिर सरकार सुझाव देहले बा । कोभिड से होखेवाला जोखिम के ध्यान मे राख के बडका उद्योग आ व्यवसाय सञ्चालन अभी के स्थगित हि राखेके पडि कहके समिति के निष्कर्ष बा ।

देश के अनेकन जगहा मे रुकल विदेशी पर्यटक के सडक आ हवाई मार्ग से उद्धार करके काठमाण्डु लियावे के आ उलोग के पर्यटन बोर्ड निगरानी मे राखेके आ सम्बन्धित देश पठावे के प्रयास करे खातिर निर्देशन देहले बा ।

कुछ श्रमिक उद्योग एवं कारखाना बन्द भईला के बाद देश भितर समस्या मे पडल श्रमिक के सुरक्षित तरिका से गन्तव्य तक पुगावे के व्यवस्था करेके समिति निर्देशन देहले बा ।

निर्माण सम्बन्धी कामसब मे कामदार के रूप मे काम कर रहल आ अभी अलपत्र पडल नेपाली नागरिकसब के आपन आपन गृह जिल्ला तक पुगावे खातिर स्थानीय प्रशासन आ सुरक्षाकर्मी के समिति निर्देशन देहले बा ।

विदेश मे अध्ययन के खातिर गईल आ विखर्ची अवस्था मे रहल विद्यार्थी के बाबुमाई से उलोग के खर्च पठावे ना चाहला पर विदेशी मुद्रा सटही के व्यवस्था करे खातिर सहजीकरण करेके निर्णय भईल बा ।

आयात होखेवाला सामान कलकत्ता पोर्ट तक बहुते परिमाण मे अईला पर भी ढुवानी करेवाला साधन, कामदार, भन्सार एजेन्टस् आवागमन ना भईला से उपकरण छुटावे खातिर भी समस्या भईल सन्दर्भ मे आपन सामान भन्सार विन्दु से छुटावे खातिर व्यवसायी आ निजी क्षेत्र के निहोरा करेके निर्णय कईल बा । भन्सार विन्दु मे उपभोग्य सामान भी रहल बतावल गईल बा ।

समिति स्वास्थ्य सामान आ उपकरण के सहजीकरण करेके विषय मे भी छलफल करके अध्यावधिक विवरण लेहले बा ।

सञ्चारकर्मी के एक सवाल के जवाफ मे उ कहनी कि, “स्वास्थ्य उपचार सम्बन्धी सामान उपलब्ध बा, स्वास्थ्यकर्मी आपन व्यावसायिक धर्म आ मूल्य मान्यता के आधार मे मरेजी के ईलाज मे लागेके पडि ।”

पोखरास्थित पश्चिम क्षेत्र अस्पताल के कोरोना ईलाज सम्बन्धी डेडिकेटेड अस्पताल के रूप मे विकास करे खातिर प्रदेश सरकार से पठावल निहोरा के बईठक से सिफारिस कईले बा ।

पीपीई लगायत के कोभिड–१९ नियन्त्रण तथा रोकथाम के खातिर ईलाज के समय मे चिकित्सक से प्रयोग करेवाला निजी क्षेत्र से स्वतस्फूर्त तरिका से उत्पादन करके उपलब्ध करावे के कहल सामान के मापदण्ड स्वास्थ्य सेवा विभाग देखके प्रमाणित कईला के बाद मात्र प्रयोग मे लियावे के मन्त्री खतिवडा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button