जितपुरसिमरा उमनपा मे ५१ जने पुलीस सहित ६६ जने मे कोरोना संक्रमण

प्रभु यादव
बारा २१ भादो
बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे आजु ५१ जने पुलीस सहित ६६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमण पुष्टि होखेवाला मे ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के १९ जने पुलीस, सशस्त्र प्रहरी कार्यालय पथलैया के २९ जने सशस्त्र, श्री नं.२८ बाहिणी गण जीतपुर के तीन जने, ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के ४ जने थुनुवा कैदीबन्दी आ कन्ट्रयाक्ट ट्रेसिङग के ११ जने करके ६६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उपमहानगरपालिका के कोरोना फोकल पर्सन जितन ठाकुर जानकारी देहनी ।
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङगसब मे कईल कोरोना परिक्षण मे जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं.१ के एक जने, वार्ड नं. ११ के ४ जने, वार्ड नं.१२ के एक जने आ वार्ड नं.१४ के एक जने मे कोरोना संक्रमण पोजेटिभ देखल गईल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।
कोरोना बिशेष अस्थाई अस्पताल सिमरा मे भादो १८ गते १ सय ४५ जने के स्वाब संकलन करके काठमाण्डु के टेकु स्थित केन्द्रिय प्रयोगशाला मे परिक्षण के खातिर पठावल गईल रहे ।
जउना मे ६६ जने नयाँ कोरोना संक्रमित मिलल बाडन आ आँठ जने पुराने कोरोना संक्रमित के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल कोरोना अस्पताल सिमरा के डा.मञ्जु रोय बतवनी ।
एकरा सँगे जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे कुल कोरोना संक्रमित के सङख्या २ सय ३६ जने पुगल बा ।
एहितरे नारायणाी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बारा के भईल स्बाब परिक्षण मे महागढीमाई नगरपालिका के दु जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कोरोना पुष्टि होखेवाला मे महागढीमाई नगरपालिका के वार्ड नं.४ के ४० आ २३ बरीस के पुरुष रहल जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव बतवनी ।






