ठोरी गापा–४ मे नेकपा एमाले के वार्ड कमिटी गठन आ पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

मेघराज राय
जिराभवानी १९ भादो
नेकपा एमाले ठोरी वार्ड नं. ४ आठघरे मे वार्ड कमिटी आजु गठन कईले बा । नवगठित वार्ड कमिटी के अध्यक्ष मे दिल बहादुर श्रेष्ठ आ सचिव मे रामकाजी स्याङ्बो चयन भईल बाडन ।
जिल्ला अध्यक्ष सहित के उपस्थिति मे भईल भेला से १०१ सदस्यीय कमिटी चयन भईल एमाले ठोरी के कार्यदल सदस्य तिलक श्रेष्ठ बतवनी । साथे भेला से नीर बहादुर बोम्जन के अध्यक्षता मे १०१ सदस्यीय राष्ट्रिय युवा संगठन गठन कईल कार्यदल सदस्य राजेश लामा बतवनी । कार्जक्रम मे अनेकन पार्टी परित्याग करके २०० जने से बेसी एमाले मे प्रबेश कईल एमाले ठोरी के सह–इन्चार्ज लाल बहादुर श्रेष्ठ बतवनी ।
बिजयबस्ती के अगुवा नर बहादुर श्रेष्ठ, हार्डवेयर ब्यबसायी लाल बहादुर श्रेष्ठ, मिलचोक के अगुवा राम बहादुर पाख्रीन, शरणटोल के अगुवा मोहन सिजाली मगर, निर्मलबस्ती के लकालाल गोले, सुक बहादुर पाख्रीन, ठोरी २ के दिल बहादुर गुरुङ लगायत एमाले प्रबेश कईल नवप्रबेशीलोग के प्रमुख अतिथी तथा एमाले पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हजरा, संविधान सभा सदस्य जयप्रकाश थारु लगायत टीका तथा खादा लगाके सम्मान कईले रहनी ।
एमाले वार्ड नं. ४ के अगुवा शरण मगर के सभापतित्व तथा एमाले पर्सा अध्यक्ष प्रभु हजरा के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे संबिधान सभा सदस्य जयप्रकाश थारु, एमाले पर्सा के सचिब मनोज कुमार गुप्ता, नेता लेखमान थापा, एमाले ठोरी इन्चार्ज गंगा बहादुर खड्का, सह–इन्चार्जलोग ठाकुर न्यौपाने, लाल बहादुर श्रेष्ठ आ एमाले ठोरी के अध्यक्ष खगेन्द्र श्रेष्ठ रहल रहनी । एहितरे आशिष सामाजिक सेवा नेपाल के संयोजक रोशन सुनार, नेराशिसं ठोरी अध्यक्ष गोपिलाल श्रेष्ठ, सचिव निमा तामाङ, पत्रकार ओम प्रकाश चौधरी लगायत एमाले ठोरी के कार्यदल सदस्यलोग के सहभागीता रहल रहे ।
कार्यदल सदस्य तारानाथ ढुङ्गेल से संचालन कईल कार्जक्रम मे अतिथि लगायत एमाले ठोरी ४ के अगुवा कार्यकर्ता लोग के सहभागीता रहल एमाले ठोरी गाँवपालिका के नेकपा एमाले के अध्यक्ष खगेन्द्र श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।






