तरकारी बजार मे भीड भईला के बाद पुलीस हटवलख

वीरगंज १७ चईत,

वीरगंज–११ श्रीपुर स्थित विद्यापिठ स्कुल मे आजु सबेरे तरकारी बजार राखल रहे । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड के उपभोक्ता के वार्ड मे बजार राख के तरकारी देवेके कहला के बाद उहाँ बजार राखल गईल रहे ।

माकिर उहाँ सोमार के दिने सबेरे ७ बजे पुगला पर कोरोना भाइरस संक्रमण के जोखिम न्युनिकरण के कउनो उपाय अपनावल ना रहे । सरकार जरुरी तरकारी खाद्यान्न बिक्री कईला पर भी ३ फिट के सामाजिक दुरी कायम करेके कहले बा । दोकान अगाडि चुना से गोल घेरा लगईला पर भी उपभोक्ता लाइन मे ना रहलन ।

आदमीसब एगो दोकान मे सामान्य दिन मे जईसन झुमके तरकारी किनबेच करत रहलन । तरकारी दोकान ९ बजे तक खुलेके नियम बनईला पर भी वीरगंज–११ के तरकारी बजार सबेरे साढे ७ बजे हि पुलीस पुग के हटवले रहे ।

तरकारी व्यापारी विरू मेहता चुना से लाइन बनईला पर भी उपभोक्ता पालना ना कईल बतवनी । उ कहनी कि “हमनी से कहला पर ना मानला पर का करीं ?” दोसर व्यापारी सन्देशकुमार माली उपभोक्ता के कहला के बाद मात्र लाइन लागत रहलन ।

तरकारी किने आईल लक्ष्मण प्रसाद उपभोक्ता स्वयं सचेत ना भईला से भीड देखल गईल बतवनी । भीडभाड बेसी देखल गईला के चलते वीरगंज के माइस्थानस्थित तरकारी बजार मीनाबजार भी सोमार से बन्द कईल बा ।

दिनभर खोलेके पडि : मेयार सरावगी
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी उपभोग्य सामान के दोकान दिनभर खोलेके व्यवस्था भईला पर भीड ना होखेके बतवनी । “सीमित समय के खातिर दोकान खोलला पर भीड बढी, जेतना बेसी समय खोलल जाई, ओतना हि भीड कम होखी” कहके बतवनी ।

स्थानीय प्रशासन व्यवस्थित करावे मे सहजोग ना कईल मेयर सरावगी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button