तीन बरीस के बाद जमिन कित्ताकाट खुलल

काठमाण्डु २२ भादो

सरकार जमिन कित्ताकाट खुल्ला कईले बा । भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्री पद्माकुमारी अर्याल १८ भादो मे कित्ताकाट खुल्ला करेके निर्णय कईले बानी ।

२०७४ साल मे तत्कालिन भूमि व्यवस्था मन्त्री गोपाल दहित देशभर कृषियोग्य भूमि खण्डीकरण होखे ना देवेके कहत जमिन कित्ताकाट रोकेके निर्णय कईले रहलन । दहित से बन्द करावल कित्ताकाट अर्याल फुकुवा कईले बानी ।

‘जमिन के खण्डिकरण सम्बन्धी विषय पेश भईला पर कृषियोग्य जमिन के खण्डीकरण सम्बन्धी भईल पूर्ण निर्णयसब बदर कईल बा’ मन्त्रालय के निर्णय मे कहल बा ।

मन्त्रालय से भूमी व्यवस्था तथा अभिलेख विभाग आ नापी विभाग लगायत मे ई निर्णय परिपत्र कईले बा ।
खाद्य सुरक्षा आ खाद्य सम्प्रभुता के संवैधानिक प्रत्याभूति के सुनिश्चित करेके कहत मन्त्रालय तीन बरीस पहिले कईल उ सर्वसाधारण के खातिर अभिसाप बनल रहे ।

कित्ताकाट कईला मे प्रतिआना १ लाख ५० हजार रोपेया तक नजराना बुझावेके पडल सिकाईत अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोगस मे पुगल बा । दहित खुदे १३ गो कम्पनी आ आदमी के जमिन प्लटीङ करे मिलेके निर्णय कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button