थारु कल्याणकारणी सभा पर्सा के अध्यक्ष चौधरी के मृत्यु, दाहसंस्कार भईल

पोखरिया १९ फागुन

थारु कल्याणकारणी सभा पर्सा के अध्यक्ष हेमन चौधरी के आजु हिन्दु रितिरिवाज के साथ आपन घर पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के देउरिया बान्ध लगे भलुवाही खोला मे दाहसंस्कार कईल बा ।

हेमन चौधरी के जेठ बेटा दृदय नारायण चौधरी आजु साढे १२ बजे हिन्दु रिवाज के मुताविक मुखअगनी देहले रहनी । थारु कल्याणकारी सभा पर्सा के अध्यक्ष ७८ बरीस के हेमन चौधरी के मंगर के रात १० बजे निधन र्भल आ बुध के दिने भलुवाही खोला मे दाहसंस्कार कईल रहे ।

चौधरी के तीन गो बेटा आ तीन गो बेटी रहल परिवारीक स्रोत जनवले बा । जेठ बेटा ईन्जिनियर हृदयनारायण चौधरी, बेटा पटेर्वासुगली गाँवपालिका अधयक्ष हरिनारायण चौधरी आ छोट बेटा समाज सेबी राजकिसोर चौधरी आ तीन गो बेटी रहल बाडि ।

अध्यक्ष हेमन चौधरी के दाहसंस्कार मे पुर्वमंत्री सुरेन्द्र चौधरी, प्रदेश सभा सदस्य शंकर प्रसाद चौधरी, संबिधान सभा सदस्य जयप्रकास थारु, राजकुमार गुप्ता, नेपाली काँग्रेस पार्टी पर्सा अध्यक्ष अजय द्विवेदी, पुर्व सांसद राजेन्द्र बहादुर अमात्य, जिल्ला बिकास समिति पर्सा के पुर्व सभापति जनाद्र्धन सिंह क्षेत्री, जिराभवानी गाँवपालिका अध्यक्ष रामपृत महतो, युवा नेता धर्मेन्द्र पटेल, तेजप्रताप निषाद लगायत के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button