दियरीबाती आ छठ पवनी के उपलक्ष्य मे शुभकामना अदानप्रदान

प्रभु यादव
बारा २८ कातिक
सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ मे नेपाली काँग्रेस बुथ कमिटी से शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
काँग्रेस बुथ समिती के आयोजना मे शुक के दिने छोटका ईटवाल मे दियरीबाती आ छठ के अवसर मे शुभकामना अदानप्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
बुथ सभापति शिवमंगल कुसवाहा के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी नेपाली काँग्रेस क्षेत्र नम्बर १ के क्षेत्रिय सचिव उपेन्द्र पटेल, बिशिष्ठ अतिथी नेपाली काँग्रेस सिम्र्रौनगढ के सभापति नागेन्द्र साह कानु, महिला नेतृ अपसना खातुन, शिक्षक जिक्रुल्लाह अंसारी, पत्रकार रामेश्वर मेहता, शिवशकर मिश्रा लगायत के लोग आपन आपन विचार रखले रहलन ।




