दिल्ली के मुस्लिम धार्मिक सभा मे सहभागी बारा आ पर्सा के २२ जने पुलीस हिरासत मे

वीरगंज २० चईत,
भारत के दिल्ली मे कोरोना भाइरस संक्रमण फईलावे मे भूमिका खेलल कहल मुस्लिम के धार्मिक सभा मे सहभागी होके नेपाल प्रवेश कईल आशंका से पर्सा से ११ जने आ बारा जिल्ला से ११ जने करके २२ जने के पुलीस पकडले बा ।
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ कन्चनपुर गदियानीस्थित मदर्शा मे लुका के रहल ११ जने के पुलीस बुध के सँझिया नियन्त्रण मे लेहले बा । उ सभी जने के वीरगंज श्रीपुरस्थित सिद्धामार्थ मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा ।
दिल्ली के मरगज निजामुदिन दरगाह मे आयोजना कईल तीन दिने आन्तराष्ट्रिय तबलीगी जमात (धार्मिक सभा) मे सहभागी होके पर्सा मे घुसल ११ जने गाँव के मस्जिद मे ४÷५ दिन से रहत आईल सूचना गाँव के लोग पुलीस के देहले रहलन ।
गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भुजेन्द्र यादव के मुताविक गाँव के लोग के सूचना मिलला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली से खटल पुलीस टोली बुध के दिने सँझिया मस्जिद मे बईठरहल अवस्था मे ११ जने के हिरासत मे लेहल गईल बा ।
पुलीस से हिरासत मे लेहल के बुध के सँझिया वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे स्वास्थ्य परीक्षण के बाद बुध के रात से सिद्धार्थ मावि मे स्थापना कईल क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा ।
पुलीस से नियन्त्रण मे लेके क्वारेन्टाइन मे राखल सभी ११ जने रौतहट घर भईल मुस्लिम समुदाय के आदमी हउवन । रौतहट के यमुनामाइ गाँवपालिका ३ हजमीनिया के ६, वार्ड नम्बर ४ सरुअठा के १, राजपुर नगरपालिका २ फतुहा महेशपुर के ४ जने बाडन ।
दिल्ली के तबलीगी जमात मे सहभागी होके भारत से भागल पर्सा मे आके चोरालुका के रहल स्थानीय आशंका कईला पर भी उलोग खुदसब दिल्ली से ना आईल दाबी कईले बाडन ।
पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त उलोग दिल्ली भा कहाँ से आईल बाडन कहके विषय मे अनुसन्धान हो रहल बतवनी । नियन्त्रण मे लेहललोग के क्वारेन्टाइन मे १४ दिन तक राखेके भी उ जानकारी देहनी ।
भारतीय संचार माध्यम के मुताविक दिल्ली के मरगज निजामुदिन दरगाह मे आयोजना कईल तबलीगी जमात मे नेपाल के भी २० जने जमाती के सहभागी रहल रहे । भारत के उत्तराखन्ड पुलीस दिल्ली मे भईल जमाती के नामावली सार्वजनिक कईले बा । उत्तराखण्ड पुलीस से सार्वजनिक कईल नेपाली के नामावली मुताविक चितवन के ११ जने, बारा के ४ जने रौतहट के २ जने, गोरखा के २ जने आ पर्सा के एक जने रहल बाडन ।
एहितरे भारत के दिल्ली मे भईल मुस्लिम धार्मिक सम्मेलन मे सहभागी होके आईल बारा के ११ जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट बरैनिया के टोली बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका के बरैनिया से उलोग के बियफे के दिने नियन्त्रण मे लेहले बा ।
लकडाउन मे भी सप्तरी घर भईल उलोग भारत से नेपाल प्रवेश कईले रहलन । जमात के खातिर भारत गईला पर भी दिल्ली ना गईल प्रतिक्रिया उलोग देहले बाडन । सशस्त्र पुलीस उलोग के बारे मे जरुरी अनुसन्धान के खातिर नेपाल पुलीस के जिम्मा लगवले बा ।
नियन्त्रण मे लेहललोग के वीरगंज स्थित सिदार्थ मावि के क्वारेन्टाइन मे राखेके पठावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता डीएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।






