नागरिकता संशोधन विधेयक के विरोध मे जसपा के वीरगंज आ पोखरिया मे प्रदर्शन

वीरगंज ०९ असाढ
नागरिकता ऐन संशोधन विधेयक के विरोध मे जनता समाजवादी पार्टी आजु वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बा ।
नेपाली पुरुष से बियाह करेवाला विदेशी जनानी के ७ बरीस के बाद मात्र नेपाली नागरिकता देवेवाला किसिम से नागरिकता ऐन संधोशन करेके तइयारी हो रहला मे ओकर विरोध मे जसपा वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बा ।
घण्टाघर चोक मे आजु दुपहरिया भईल प्रदर्शन मे जसपा के नेता कार्यकर्ता नागरिकता ऐन संधोशन विधेयक आ सरकार के विरोध मे नाराबाजी कईले रहलन । प्रदर्शन मे सहभागी नेता कार्यकर्ता नागरिक ऐन संशोधन विधेयक फिर्ता ले, भारतबीच के सम्बन्ध बिगाडे ना मिली, केपी ओली सरकार मुर्दावाद, कोरोना मे खर्च कईल १० अरब कहाँ बा जईसन नारा लिखल प्ले कार्ड सहित प्रदर्शन कईले रहलन ।
प्रदर्शन के बाद आयोजना कईल कोणसभा के सम्बोधन करत तत्कालीन समाजवादी पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष भी रहल जसपा नेता रामनरेशप्रसाद यादव सरकार से लियावल नागरिकता ऐन संशोधन विधेयक मधेस विरोधी रहल बतवनी ।
ई विधेयक से नेपाल भारतबीच के सदियो से सामाजिक आ सांस्कृति सम्बन्ध के तुरेवाला भईला से मधेसी जनता एकरा के कभो भी स्वीकार ना करेके भी उ बतवनी ।
“कम्युनिष्ट सरकार बेर बेर मधेसी के कहुँचावे के काम कर रहल बा”, कहत यादव, “हमनी सरकार के समय मे सचेत बने खातिर निहोरा करत बानी, ना त सरकार के ई मधेस विरोधी विधेयक विरुद्ध मधेस मे आगी बरी ।” उ आजु सांकेतिक विरोध मात्र कईल कहत बुध के दिने पार्टी के बईठक बईठके आन्दोलन के आउर कार्जक्रम घोषणा करेके बतवनी ।
प्रदर्शन मे जसपा के नेतालोग राजेशमान सिंह, शशीकपुर मिया, सुन्दर कुर्मी, तबरेज अहमद, ओमप्रकाश सर्राफ, रेखा साह, मुन्नि श्रीवास्तव, मालती कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
एहितरे नागरिकता ऐन संशोधन विधेयक खारेज के माग करत पर्सा के पोखरिया मे भी जनता समाजबादी पार्टी विरोध प्रदर्शन कईले बा ।
पोखरीया मे आजु भईल विरोध प्रदर्शन के सम्बोधन कतर जसपा के नेता निजामु्दिन समानी नागरिकता ऐन संशोधन विधेयक से मधेस आ मधेसी उपर के विभेद तथा दमन के उजागर कईल बतवनी ।
जनानी उपर के लैङ्गिक भिन्नता आ समानता के सवाल के मजाक बनावे के काम भईल कहत उ कोरोना के विपत्ति के समय केपि ओलि सरकार अनेकन बहाना आ खोकोलो राष्ट्रवाद देखावेके तथा मधेस आ पहाडबीच दुरि बढावेके षडयन्त्र कर रहल आरोप लगवनी ।
जसपा के क्षेत्रीय अध्यक्ष नागेन्द्र यादव आ राजनरायन पटेल के नेतृत्व मे भईल विरोध कार्जक्रम मे नगर समिति अध्यक्ष राजु साह तेलि, गोवर्द्धन यादव, नेता खलिल मिया, युवा नेता सलमा खातुन, नन्दलाल प्रसाद, भगवान दास तत्वा, भिखारी देवान रसिद मिया, शीवकुमार साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।





