नियम ना मानला से कलैया उपमहानगरपालिका विरुद्ध सूचना आयोग मे निवेदन

प्रभु यादव
बारा ०४ कातिक,
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका उपर राष्ट्रिय सूचना आयोग मे कारवाही करे खातिरनिवेदन दर्ता करवले बा ।
कातिक ३ गते के दिन कलैया उपमहानगरपालिका कार्यालय मे सरसफाई सम्बन्धि जनकारी लेवेला सुचना माँग के निवेदन देहला पर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रहल्लाद वर्णवाल हुलाक टिकट टास करवा के मात्र निवेदन दर्ता करवावल वार्ड नम्वर १४ के अनिल पाण्डे सिकायत कईले बानी ।
ॐनेपाल मे कवनो भि नागरीक सर्वजनिक आ आपन कवनो विवरण सरकारी कार्यालय से माग कईला मे संविधान २०७२ के धारा ३ के दफा २७ मे आ सुचना के हक ऐन २०६४ के मुताविक दफा २७ अनुसार टिकट विना सटले १५ दिन आउर थप मे ७ दिन मे निवेदक देवे के व्यवस्था रहला के वाद टिकट सासवा के दर्ता करवावे मे बाध्य पार देहलन प्रमुख वर्णवाल कहके अनिल पाण्डे जनकारी करावले बानी ।
नियम ना रहला मे जबरदस्ती साटवावल गईल निवेदन पालिका के आसपास किनला पर १५ रोपेया लेवेला जवन तिर के सूचना दर्ता करवले बानी ओकर पईसा फिर्ता खातिर आयोग मे उजुरी अनलाईन मार्फत दर्ता करावले बाडन ।
पालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत वर्णवाल से जनकारी लेहला पर आपने बहुते कार्जक्रम जात रहल जाला निवेदन मे १० रोपेया के टिकट सासल जाला जवना के बुझ के टास करे के कहनी ।
कालहु सुचना आयोग से फुन आईल रहे हमरा जनकारी ना रहला से अब आवेवाला दिन मे सुचना मागेवाला के निवेदन मे टिकट सासेला ना कहल जाए के वर्णवाल कहनी ।
बहुते पालिका मे सूचना मागेवाला लोग दुरव्र्यवहार सहे के पडल बा सम्बन्धित निकाय के ध्यान गईल जरूरी रहल बतवनी ।






