नेपाल मे संक्रमित के संख्या बढ रहल, संक्रमित के संख्या ३७५ पुगल

काठमाण्डु ५ जेठ

नेपाल मे आउर १८ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । स्वास्थ्य मन्त्रालय के सहप्रवक्ता समिर कुमार अधिकारी के मुताविक सोमार के सँझिया आउर १८ जने नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन ।

धनुषा के २ पुरुष, खोटाङ हलेसी के एक पुरुष, बाँके नरैनापुर के १२ पुरुष, दैलेख आठबिस–१ के एक पुरुष, सुनसरी के एक पुरुष, झापा के एक पुरुष रहल अधिकारी बतवले बाडन ।

एकरा सँगे कोरोना संक्रमित के संख्या ३७५ पुगल बा । सोमार के दिने मात्र ७४ जने नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन । २४ घण्टा के अन्तराल मे प्रति घण्टा तीन जने मे कोरोना संक्रमण फईलल बा ।

सोमार के दिने सबेरे आ दिन के करके बाँके मे ४७ जना, रौतहट के ८, बारा के १ जने, मोरङ मे १, गुल्मी मे १, धनुषा मे १, धादिङ मे १, रौतहट १ आ दाङ मे १ जने कोरोना संक्रमित भईल रहलन ।

संक्रमण पुष्टि भईल मेसे अभी तक ३६ जने ठिक भईल बाडन । एहितरे सिन्धुपाल्चोक मे आ बाँके मे करके दु जने के मृत्यु भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button