पत्रकार के निर्बाध काम करे देहल जाँव : महासङ्घ

काठमाण्डु २६ चईत,
नेपाल पत्रकार महासङ्घ खोटाङ शाखा के सचिव उत्तम चौलागार्इं के प्रकाशित समाचार के विषय के लेके नेपाली काँग्रेस खोटाङ के सभापति नरेशकुमार श्रेष्ठ धम्की देहल घटना मे दुःख व्यक्त कईले बा ।
महासङ्घ खोटाङ के मुताविक इहे चईत २३ गते ‘प्रभावन्यूज डटकम’ मे समाचार प्रकाशन भईला के बाद नेता श्रेष्ठ पत्रकार चौलागाई के धमकईले रहनी ।
महासङ्घ के महासचिव रमेश विष्ट आजु विज्ञप्तिमार्फत प्रकाशित समाचार उपर चित्त ना बुझला पर भा कउनो सिकाईत रहला पर ओकरा उपर कानूनी ईलाज खोजेके वैधानिक विधि आ पद्धति के बेवास्ता करके प्रमुख दल के जिम्मेवार आदमी से पत्रकार के धमकावल दुःखद् भईल टिप्पणी करत ई घटना के भत्र्सना कईले बानी ।
पत्रकार के स्वतन्त्र एवं निर्बाधरूप मे काम करेवाला वातावरण निर्माण करेके आ ओकर सुरक्षा मे ध्यान देवे खातिर स्थानीय प्रशासन से माग करत महासचिव विष्ट कोरोना भाइरस के उच्च सङ्क्रमण के चुनौतीपूर्ण ई अवस्था मे सम्भावित जोखिम सहके नागरिक के सुसूचित करावे के पेशागत कर्म मे लागल पत्रकार के सही आ सहज तरिका से सूचना उपलब्ध करावे खातिर आ सहजोग करे खातिर सभी से निहोरा कईले बानी ।






