पर्सा आ बारा मे आउर २३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ३१ सावन,
पर्सा आ बारा मे आउर २३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित मेसे ७ जने जनानी बाडि ।
नारायणी अस्पतालस्थित पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे कार्यरत वीरगंज–१८ भवानीपुर रहेवाला ५५ आ ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
नारायणी अस्पताल अन्तर्गत हेल्थ केयर मे १ सय २० बेड क्षमता के अस्थायी कोभिड अस्पताल सञ्चालन मे बा ।
नारायणी बयोधा अस्पताल मे क्यान्टिन चलावत आईल वीरगंज के २४ बरीस के युवक, परवानीपुर के ३५ बरीस के जनानी आ ३ दिन से बोखार अईला पर कोरोना जाँच करावल वीरगंज–१६ नगवा के ४५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज के हिमाल भान्छाघर मे क्वारेन्टिन रहत आईल ३५ बरीस के युवक, वीरगंज–१५ लक्ष्मणवा के ६० बरीस के पुरुष, वीरगंज–१३ राधेमाई के ४२ बरीस के पुरुष, वीरगंज–२० हरपतगञ्ज के ५३ बरीस के पुरुष आ बारा के कलैया–१२ के ४१ बरीस के जनानी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल पीसीआर ल्याब जनवले बा ।
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–६ माईस्थान के १९ बरीस के युवक आ ४० बरीस के जनानी, वीरगंज–१५ भिश्वा के ३० बरीस के पुरुष, वीरगंज के २६ बरीस के युवक, वीरगंज–२० अपौनी के ११ बरीस के लईका, ३५ आ ६५ बरीस के जनानी, वीरगंज के ११ बरीस के लईका आ वीरगंज–२ छपकैया के २६ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
उच्च सरकारी वकिल कार्यालय के २८ बरीस के युवक, स्वाबलम्बन लघुवित्त संघ के सब म्यानेजर ५३ बरीस के पुरुष, नेपाल इन्भेष्टमेन्ट बैंक जीतपुर शाखा के २८ बरीस के युवक आ पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका–८ हरपुर के २३ बरीस के युवक के भी पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।





