पर्सा आ बारा मे ४५ जने मे कोरोना, सुरक्षाकर्मी आ बैंक के कर्मचारी भी संक्रमित

वीरगंज १९ भादो
वीरगंज के नारायणी अस्पतालस्थित प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण मे आउर ४५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । पर्सा के २६ जने आ बारा के १९ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । संक्रमितलोग सुरक्षाकर्मी आ बैंक के कर्मचारी भी बाडन ।
बियफे तक प्रयोगशाला मे ५ सय ८४ जने के पीसीआर परीक्षण कईला मे ४५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता एवम् वरिष्ठ चर्मरोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया जानकारी देहनी । १८ से ४५ बरीस उमिर समूह के संक्रमितलोग मेसे १० जने जनानी बाडि ।
संक्रमित मेसे २९ जने के सिटि भ्यालु २४ आ २४ से कम बा । १६ जने के सिटि भ्यालु २५ से बेसी बा । चौरसिया के मुताविक सिटि भ्यालु २४ अईला के कडा संक्रमण मानल जाला आ २५ से बेसी सिटि भ्यालु भईल अवस्था मे कमजोर संक्रमण होखी ।
वीरगंज मे मात्र १९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । नबिल बैंक मे कार्यरत ५ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल अस्पताल जनवले बा ।
उलोग ३७, ३२, २६, २७ आ २१ बरीस के पुरुष बाडन । वीरगंज के वार्ड नं. ९, १०, ११, १४ आ २२ मे २÷२ जने आ वार्ड नं. ८, १५ आ २१ मे १÷१ जने मे कोरोना देखल गईल बा । संक्रमित मेसे १ जने के ठेगाना खुलल नइखे ।
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ मे २ जने, वार्ड नं. ३ मे १ जने, सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ मे २ जने, वार्ड नं. ५ मे १ जने आ पटेर्वासुगौली मे १ जने के पीसीआर पोजेटिभ देखल गईल बा ।
बारा के निजगढ नगरपालिका से पठावल स्वाब के नमुना परीक्षण कईला पर १४ जने मे कोरोना देखल गईल बा ।
निजगढ नगरपालिका के वार्ड नं. ८ मे २ जने, वार्ड नं. ३, ७ आ ९ मे १÷१ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ के ३३, ३९, ३३, ४३, ५७ आ २८ बरीस के ६ जने आ सशस्त्र प्रहरी बल पिलुवा के २६ आ ३७ बरीस के पुरुष मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।
एहितरे कामना विकास बैंक मे कार्यरत २५ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल जनवले बा ।






