पर्सा निकुंज मे तस्कर आ सुरक्षाकर्मी बीच गोली चलल, एक जने के मृत्यु

वीरगंज १४ चईत,
पर्सा राष्ट्रिय निकुंज मे वन्यजन्तु चोरी तस्करी समूह आ निकुंज सुरक्षार्थ खटल सुरक्षाकर्मी बीच शुक के दिने गोली चलल बा ।
गोली चलल समय मे निकुंज सुरक्षार्थ खटल नेपाली सेना से चलावल गोली लाग के शिकारी समूह के एक जने के मृत्यु भईल बा । घटना मे नेपाली सेना के जमदार मिनबहादुर छन्त्याल घायल भईल बाडन ।
निकुंज के मुख्य क्षेत्र मे करिब ११ जने के समूह सुरक्षाकर्मी के देखला के बाद फायरिङ्ग कईल आ ओकर जवाफ मे सुरक्षाकर्मी से गोली चलावल राष्ट्रिय निकुंज तथा वन्यजन्तु संरक्षण विभाग के प्रवक्ता विष्णुप्रसाद श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
श्रेष्ठ के मुताविक सबेरे करिब साढे ९ बजे के समय मे वन्यजन्तु चोरी शिकारी समूह से गोली चलईला के बाद ओकर जवाफ मे फायरिङ्ग कईला पर परिचय खुले ना सकल एक आदमी के मृत्यु भईल बा ।
श्रेष्ठ कहनी कि, “नियमित गस्ती के समय मे निकुंज के मूल क्षेत्र मे फायिरङ्ग के आवाज अईला के बाद निकुंज सुरक्षार्थ खटल सुरक्षा गस्ती टोली ओकरा ओरी गईल रहे ।
सेना के गस्ती टोली के देखते मातर चोरी शिकारी समूह गोली चलवले रहे । जउना मे जमदार छन्त्याल घायल भईल बाडन । शिकारी समूह के एक जने के मृत्यु भईल बा । आउर आदमीसब बन्दोबस्ती सहित के हथियारसब छोडके भागल बाडन ।”
निकुंज सुरक्षार्थ खटल सुरक्षा गस्ती टोली मकवानपुर के मोहनसिंह दोङ्ग के पकडल उ बतवनी । घटना स्थल से सुरक्षाकर्मी दु थान बन्दुक, बारुद, चोख हथियार लगायत के सामानसब भी बरामद कईल उ बतवनी ।
बन्द के समय मे वन्यजन्तु के चोरी शिकारी होखे सकेके सम्भावना के ध्यान मे राखत निकुंज के गस्ती के कडा बनावल गईल उ बतवनी ।






