पर्सा, बारा आ रौतहट मे आउर ६० जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज ०६ भादो

पर्सा, बारा आ रौतहट मे आउर ६० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पतालस्थित पीसीआर प्रायोगशाला मे कईल परीक्षण मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित मेसे बारा के ५ जने आ रौतहट के १ जने बाडन ।

प्रयोगशाला स्रोत के मुताविक शुक के ४ सय ५० जने के पीसीआर परीक्षण कईल रहे । संक्रमित मेसे अधिकांश पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका के बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के कुछ पुलीस मे भी संक्रमण देखल गईल बा । संक्रमित के बारे मे आउर विवरण आवेके बाँकी बा ।

आउर निकाय से सूचना प्रवाह मे रोक लगाके जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से हरेक दिन सँझिया मात्र संक्रमित के संख्या सार्वजनिक कर रहल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय के मुताविक भादो ५ गते सँझिया ५ बजे तक पर्सा मे ३ सय ८० जने जनानी सहित १ हजार ७ सय ३६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जउना मे २२ जने भारतीय नागरिक, १ सय १८ जने स्वास्थ्यकर्मी, ८५ जने सुरक्षाकर्मी, ८ जने पत्रकार, ८९ कैदी–थुनुवा, ४८ जने अस्पताल के सफाइकर्मी, गार्ड आ कार्यालय सहजोगी बाडन ।
वियफे के दिने कईल परीक्षण मे पर्सा के ७५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

वीरगंज महानगरपालिका के ७१, बहुदरमाई, पोखरिया नगरपालिका के १÷१ जने, जिराभवानी आ पकहामैनपुर गाँवपालिका के १÷१ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

संक्रमित मेसे २७ जने जनानी सहित १ सय ३८ जने आइसोलेसन मे बाडन । २०४ जने जनानी सहित ६०५ जने के होम आइसोलेसन मे आ २१ जने जनानी सहित १ सय १ जने शंकास्पद आदमी क्वारेन्टिन मे बाडन ।

१७ हजार २ सय ६६ जने के स्वाब संकलन कईला मे ३ सय ७२ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा । कोभिड–१९ के संक्रमण से पर्सा मे मात्र २७ जने के मृत्यु भइल बा ।

नारायणी कोभिड–१९ अस्पताल गण्डक मे ७०, नारायणी कोभिड–१९ अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे १ सय २० आ नारायणी अस्पताल मे–२० बेड करके जम्मा २ सय १० बेड के आइसोलेसन सेन्टर बा आ स्कुल, धर्मशाला, होटल लगायत के जगहा मे ४ सय ९५ बेड सेमीआइसोलेसन बनाके संक्रमित के राखल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button