पाँच जने फरार प्रतिवादी पकडईले

प्रभु यादव

बारा ०६ पुस

बारा जिल्ला प्रहरी कार्यालय अदालत से मुद्दा मे फरार रहल पाँच जने के पकडले बा ।

फैसला कार्यान्वयन के सिलसिला मे बारा जिल्ला अदालत के फैसला आदेश से कुटपिट आ सवारी ज्यान मुद्दा मे जरिवाना ठहर भईल फरार रहल लोग के पकड के अदालत मे बुझवले बा प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

कार्यालय से खटल प्रहरी टोली कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्वर २ वरीस ३५ के गणेश पटेल, वार्ड नं.१ वरीस ४२ के धिरेन्द्र कुमार जयसवार, वरीस ४५ के मोतिलाल कुर्मी, वरीस ५५ के महेन्द्र प्रसाद कुर्मी आ वरीस ३७ के राजकुमार कुर्मी के पकड के बारा जिल्ला अदालत मे बुझावल बारा प्रहरी कार्यालय जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button