पिडित के सुनुवाई पुलिस नाकईलक

प्रभु यादव

बारा ३१ सावन

बारा के कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ९ रामपुर के अब्दुल मजिल अंसारी पुलिस सुनवाइ ना कईलख सिकायत कईले बानी ।

कलैया मे पत्रकार समेलन कर के अापन दु जने पोतोह सविना खातुन अा सहिना खातुन के जग्गा विवाद मे जलम दिन के परिवार सब जनानी के उपर हातपात कर के घायल बनावल जवना के निवेदन प्रहरी कार्यालय मे दर्ता करावे पहुचला पर कवनो सुनवाई ना कईल सिकायत कईले बानी ।

विपक्षी जलमदिन अंसारी के भाइ मुम्ताज अंसारी , जुमन अंसारी आ अलमुदीन अंसारी मिल के सावन ९ गते सझिया के करिब ७ बजे आपन पोतोह के मारपिट कईले रहल पत्रकार समेलन मे जनकारी करावले बानी ।

प्रहरी कार्यालय मे उजुरी लेके गईल समय मे वार्ड नम्वर ९ के वार्ड अध्यक्ष डा. अख्तर अंसारी के सिफारीस मे दर्ता ना कर के आपन झगडा मे छुटावे अाईल अरबाज अंसारी के हिरासत मे राखे के अा छोडे के काम कईल दु:ख सुनावनी ।

अापन जमिन मे रास्ता रहल जवना के छेक के बईठल हटेला कहला पर विपक्षी अंसारी के घर परिवार के लोग पिट के घायल करावले रहे जनकारी कराले बानी ।

आपन लडका लोग विदेश मे रहल जवना समय पार के आपना के पीडा देहल दुख सुनावलन । रास्ता भइल जग्गा मे अभि भि अदालत मे मुद्दा चलरहल अंसारी जनकारी करावले बानी ।

पत्रकार समेलन मे रहल सिकेन्द्र अंसारी अापन लडका छुडावे गइल रहल जवना के विपक्षी बना के अभद्र व्यवहार मुद्दा दर्ता करावले बा जवन वार्ड अध्यक्ष के इसारा मे कईल सिकायत करत अापन लडका निर्दोस रहल जनकारी करावले बानी ।

पत्रकार समेलन मे सहभागी भईल इसराईल अंसारी वार्ड अध्यक्ष अख्तर आपना सब के पिडित रहते गावमे विकास के काम खातिर अनियमिता कर के उपभोक्ता समिति गठन के विरोध कईल रिसवि राख के बदनाम करेला लागल जनकारी देहलन ।

वार्ड अध्यक्ष अख्त से जनकारी लेहला पर प्रहरी के अनुसन्धान आ अस्पताल के चेक जाँच के रिपोट से सत्यतथ्य निकल सकत बा कवन दोषी बा जनकारी करावले बानी ।

आपने दुनु पक्ष के राख के समस्या समधान के खातिर पहल करहल बानी अध्यक्ष अंसारी जनकारी करावले बानी ।

बारा प्रहरी के प्रवक्ता गौतम मिश्र झगडा के सम्बन्ध मे दुनु पक्ष से पुछताछ कर के कार्वाही दोषी देखल उपर करे के काम होरहल जनकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button