बारा के भलुही चौक मे भव्य समारोह के बिच बगैचा कटेज उदघाटन

बारा १५ अगहन
बारा जिल्ला के फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. १ भलुही चौक से १०० मिटर दक्षिण मे रहल बगैचा कटेज के आजु एगो भव्य समारोहक के बीच उदघाटन पुरा भईल बा ।
होटेल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ प्रदेश नं. २ के सचिव तबरेज आलम रिबन काट के कटेज के उदघाटन कईले बानी ।
उदघाटन करत सचिव आलम बारा आ पर्सा जिल्ला मे सु–व्यवस्थित कटेज ना भईल अवस्था मे भलुही के युवालोग से कईल प्रयास सराहनीय रहल बतवले बानी ।
होटेल व्यवसायी संघ पर्सा के महासचिव भी रहल आलम बारा आ पर्सा के मध्य भाग मे रहला से ई क्षेत्र के ग्राहकलोग बाहर जाएके बाध्यता के अन्त्य होखेके विश्वास व्यक्त कईले बानी ।
ई बगैचा कटेज के होटेल व्यवसायी संघ मे आवद्ध होखे खातिर निहोरा करत संघ से जरुरी पडेवाला सेवा सुविधासब उपलब्ध करावे के प्रतिबद्धता व्यक्त कइनी ।
कटेज के संचालक राजेश प्रसाद कुश्वाहा के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष जयप्रकाश दास, ने.क.पा.के युवा नेता मुकेश साह, उमेश कुश्वाहा, अबुलेस अंसारी, दास गेष्ट हाउस के संचालक बैजु दास, युवा विधार्थी संघर्ष समिति प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष सन्नी गुप्ता लगायत के उपस्थिती रहल रहे ।






