बारा मे कालाबजारी कईल आरोप मे कानु पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ‌२६ चईत,

बारा जिल्ला के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक टोल चिउटाहा मे रहल योगदान कृषि सहकारी संस्था के संचालक बिन्दु साह कानु के कालाबजारी कईल आरोप मे बितल रात पुलीस पकडले बा ।

नेपाल मे लकडाउन भईल समय से हि चिउटाहा बजार मे कृषि सम्बन्धि दवाई, युरिया खाद महँगा दाम मे बेंच रहल अवस्था मे स्थानियलोग से सिकाईत कईला पर महेन्द्र आदर्श चिउटाहा के ईलाका प्रहरी कार्यलय से प्रहरी नायब निरिक्षक अवधेश चौबै के कमान्ड मे खटल टोलि बिन्दु साह कानु आ उनकर बेटा करण साह कानु के पकडले बा । बेटा आ बाबु के जरुरी अनुसन्धान के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा पठावल गईल प्रहरी निरीक्षक चौबे बतवनी ।

कानु बितल लम्हर समय से कृषि सहकारीद्वारा मल तथा किटनाशक दवाई कालोबजारी करत आ रहल बाडन । सरकार से तोकल दाम से दोब्बर रेट कायम करके बिक्री वितरण करत आ रहल स्थानिय बासिन्दा हरिकिसोर साह बतवनी । उ संस्था के आपन नजिक मे रहल आदमी के समाबेश करके संस्था से खाद निर्यात करके लाखो लाख सम्पत्ति आर्जन कईल स्थानिय बासिन्दालोग बतवले बाडन ।

देश मे लकडाउन के चलते लगावल गईल मकई मे युरिया खाद छिटेके खातिर उहाँ किसानलोग आतुर रहला पर भी ब्यापारी कानु कलैया से खाद आवते मातर राता रात दोब्बर दाम मे बिक्री वितरण करेमे बाबु बेटा लागल स्थानियलोग बतवले रहलन । नेपाल सरकार कालाबजारी करेवाला उपर कडा से कडा कारवाहि करेके घोषण कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button