ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के कार्जक्रम मे २३ जने कईलें खुनदान

वीरगंज ०८ असाढ

ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के आयोजना मे आजु खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ गदियानी मे भईल कार्जक्रम मे २ जनानी सहित २३ जने खुनदान कईल आयोजक संस्था के सदस्य शम्भु कुमार सुमन बतवनी ।

कार्जक्रम के उदघाटन खुनदान करके कालिकामाई गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु प्रसाद साह कईले रहनी ।

क्लब के अध्यक्ष छठु साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सुनिल कुमार रौनियार, ताजिन्द्र साह कलवार, सहरुम हवारी, जयप्रकाश चौरसिया, संजित कुमार चौरसिया, आकाश चौरसिया, भुषण साह तेली, रामबिर चौरसिया, सुदिल प्रसाद कुमार, पप्पु पटेल, सदाम हुसेन, ओमप्रकाश साह, मुन्ना कुमार सुमन, भेष साह, लक्षमण साह, प्रभाकर साह, कुन्ती देवी, सिमा देवी, जितेन्द्र महरा, अजय यादव, प्रमोद प्रसाद यादव खुनदान कईले रहलन ।

नेपाल रेडक्रस रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के दिल्ली माया घिमिरे नेतृत्व के प्राविधिकलोग के टोली खुनदान कार्जक्रम मे प्राविधिक सहजोग कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button