मरद के मृत्यु, मेहरारु भी संक्रमित

जनकपुरधाम १५ भादो
मनरा सिस्वा नगरपालिका–४, महोत्तरी के ३७ बरीस के हेल्थ असिष्टेन्ट के आपन घर मे दवाई दोकान रहे । गाँवघर मे आदमीसब भी कुछो समस्या भईला पर उहाँ पुगत रहलन ।
पिछिलका समय कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के महामारी के समय मे भी उ सरदी खोकी, पेटझरी, बोखार के मरेजी देखत रहनी ।
भादो पहिलका हप्ता उ आ उनकर मेहरारु भी बेमार भईलें । मुडि दुखाएके, बोखार आईल सुरु भईल ।
खुदे दवाई खईला पर भी कम ना भईला के बाद जँचावे खातिर ९ भादो मे जनकपुरधाम पुगल वार्ड अध्यक्ष अताबुल राइन बतवनी ।
जनकपुरधाम के चिकित्सक काठमाण्डु जाए खातिर सल्लाह देहला के बाद उ उहे दिन फिर्ता होके घर गईल रहलन ।
एम्बुलेन्स के बन्दोबस्त कईला के बाद मेहरारु सहित ईलाज करावे १० भादो के सबेरे घर से निकललें ।
माकिर रास्ता मे दुनु के स्वास्थ्य अवस्था विगडल, श्वासप्रश्वास मे समस्या भईल ।
‘एम्बुलेन्स मे एगो मात्र अक्सिजन सिलिण्डर रहे । कउनो समय मरद लगावत रहलन त कउनो समय मेहरारु लगावत रहली’ राइन कहनी ।
दिनके बल्खुस्थित बयोध्या अस्पातल पुगला पर चिकित्सक स्वास्थ्यकर्मी के मृत घोषणा कईलन ।
उ आ मेहरारु दुनुके स्वाब लेहल गईल । २ दिन के बाद दुनु के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
अभी मृतक के मेहरारु के स्वास्थ्य मे सुधार आईल आ चलफिर लागल वार्ड अध्यक्ष राइन जानकारी देहनी ।
एहितरे मृतक स्वास्थ्यकर्मी के ४६ बरीस के दाजु के भी कोरोना संक्रमण भईल मिलल बा ।
सावन अन्तिम हप्ता बेमार भईल उ जनकपुरधाम होत काठमाण्डु आईल रहलन ।
उनका भी श्वासप्रश्वास मे समस्या भईल रहे । काठमाण्डु के नर्भिक अस्पताल मे आके ईलाज करेके समय मे संक्रमण पुष्टि भईल उ अभी भी अस्पताल मे बाडन ।
स्वास्थ्यकर्मी के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईला के बाद उनकर सम्पर्क मे आईल ८० जने के स्वाब संकलन कईल बा ।
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के आधार मे गाँव के ८० जने के स्वाब संकलन करके रिपोर्ट ना आवे तक घर मे रहे खातिर निहोरा कईल वार्ड अध्यक्ष बतवनी ।






