मांग कईल जगहा मे अस्पताल बनावे के माग करत स्थानीयद्वारा नगरप्रमुख के बुझवलें ज्ञापन

मेवालाल यादव

रौतहट ०१ पुस,

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय से १५ सैया के अस्पताल राजदेवी नगरपालिका के वार्ड नम्बर ७ के किता नम्बर २७५ मे बनावे के निर्णय भईल बा ।

उ जगहामे नगरबासीलोग के सहज शुलभ तरीका से सेवा सुविधा मिले ना सकेके आ उ जमिन मे मन्दिर के पोखरा, २ गो कलभर्ट होत पानी बहेवाला निकासा रहला से भविष्य मे सैया बढावे खातिर प्रयाप्त ना रहल ज्ञापन पत्र मे उल्लेख कईल बा ।

राजदेवी नगरपालिकाका वार्ड नम्बर १,२,३,४,५ से ज्ञापन पत्र लेके आईल जनतालोग राजदेवी नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ हजमिनिया मे १५ सैया के अस्पताल स्थापना के खातिर राजदेवी नगर कार्यपालिका के मिति २०७५÷४÷२४ गते के बईठक से पास होके आर्थिक बरीस २०७५÷०७६ के दुसरका नगरसभा के नीति तथा कार्जक्रम मे भी उ जगहा मे १५ सैया के अस्पताल स्वीकृति तथा स्थापना करेके निर्णय भईल बा ।

राजदेवी नगरपालिका के बीच जगहा मे सभी के पायक आ सहज होखेवाला जजगहा मे अस्पताल स्थापना करे खातिर जोड देहले बाडन आ वार्ड नम्बर ६,८,९ से आईल स्थानिय जनतालोग कार्यपालिका बईठक तथा दुसरका नगरसभा से निर्णय भईल जगहा राजदेवी नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ मे १५ सैया अस्पताल स्थापना करे ना सकला पर राजदेवी नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ के किता नम्बर ४५३ के ३–१५–०७ के जमिन मे बनला पर वार्ड नम्बर ६,७,८,९ के ठिक बीच मे रहल आ भविष्य मे सैया संख्या बढावे खातिर प्रयाप्त जमिन रहला से उ जगहा मे अस्पताल बनावे खातिर उपयुक्त रहल ज्ञापन पत्र मे उल्लेख कईल बा ।

नगरवासीलोग द्धारा संयुक्त रूप मे नगरप्रमुख समक्ष पेश कईल ज्ञापन पत्र मे मांग कईल जगहा मे अस्पताल निर्माण ना भईला पर सभी नगरबासीलोग विरोध कार्जक्रम मे उतरेके चेतावनी देहले बाडन । नगरप्रमुख धीरेन्द्र कुमार सिंह हमनी कार्यपालिका बईठक बईठके पुस ५ गते निष्कर्ष निकालेके जानकारी करवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button